टॉब्लर क भूगोल क पहिला नियम
नगीचे के चीज आपस में दूर के चीजन के तुलना में बेसी संबंधित होखे ली, ई बतावे वाला नियम जे भूगोल में स / From Wikipedia, the free encyclopedia
भूगोल क पहिला नियम, वाल्डू टॉब्लर के अनुसार, "हर चीज दुसरहा हर चीज से संबंधित बाटे, बाकी नगीचे के चीज दूर के चीजन के तुलना में बेसी संबंधित बाड़ी स। (everything is related to everything else, but near things are more related than distant things)"[1] ई पहिला नियम स्पेशियल डिपेंडेंस आ स्पेशियल ऑटोकोरिलेशन नियर आधारभूत कांसेप्ट सभ के नेंइ हवे आ एकर इस्तेमाल स्पेशियल इंटरपोलेशन में कइल जाला। ई इनवर्स डिस्टेंस वेटेड बिधि में आ क्रिगिंग में इस्तेमाल होला। ई सगरो स्पेशियल एनालिसिस सब में आधार के रूप में इस्तमाल होखे वाली मान्यता (एजंप्शन) हवे।[2]