टीका (वैक्सीन)
रोग से बचाव खातिर लागे वाली सुई भा दवाई / From Wikipedia, the free encyclopedia
ई लेख रोग निवारक दवाई, वैक्सीन के बारे मे बा, माथ पर लगावल जाए वाला टीका खातिर, टीका देखल जाय। अन्य अर्थ खातिर, टीका (बहुअर्थी) देखल जाय।
टीका चाहे भैक्सिन (अंग्रेजी: Vaccine, वैक्सीन) एगो अईसन जैविक तेयारी बाटे जे केवनो संक्रामक रोग से लड़े के सकान देवेला। एगो निसचित रोग के टीका के उहे रोग फइलावे अला जीव के तनी अबर कऽ के चाहे मुआ चाहे ओकरे कोनो भाग से बनावल जाला। टीका मे जोन अबर कइल चाहे मुआइल जीव रहेला, जब देहि मे जाला तऽ देह ओकरा के चिन्ह जाला आ फेर जब ओह रोग के रूप मे असल जीव देहि मे आवेला देहि होकरा से लड़े के सकान राखेला आ ऊ रोग बेकत के ना होखेला।[1][2][3][4]
टीका लगावे के काज के टीकाकरन कहल जाला। छुआवे ठेकाए से होखे अला रोग के रोके ला टीकाकरन सभ से नीमन पाय हऽ। टीकाकरन से चेचक लेखा रोग के दुनिया भ मे खतम कऽ दिहल गइल बा आ पोलियो, खसरा आ टेटनस जस रोग के कम कईल गइल बाटे। हेकरा अंग्रेजी मे भैक्सिन कहल जाला।