![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/8/8b/A_necktie_with_a_tie_clasp_of_Tokushimakita_Senior_High_School.jpg/640px-A_necktie_with_a_tie_clasp_of_Tokushimakita_Senior_High_School.jpg&w=640&q=50)
टाई
गटई में कॉलर के नीचे फँसा के पहिरल जाए वाला सजावटी कपड़ा के पीस / From Wikipedia, the free encyclopedia
टाई चाहे नेकटाई कपड़ा के पीस होला जे सजावटी रूप से खातिर गटई में पहिरल जाला; शर्ट के कॉलर के नीचे गाँठल होला आ अक्सरहा छाती पर लटकत रहे ला।
![Thumb image](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/8/8b/A_necktie_with_a_tie_clasp_of_Tokushimakita_Senior_High_School.jpg/320px-A_necktie_with_a_tie_clasp_of_Tokushimakita_Senior_High_School.jpg)
एकर बिबिध वेरिएंट में एस्कोट, बो टाई, बोलो, जिपर टाई, क्रावेट, आ निट टाई के नाँव गिनावल जा सके ला। आज्काल्ह के नेकटाई, एस्कोट, आ बो टाई क्रावेट सभ से बदल के आपन वर्तमान रूप लिहले हवे। आमतौर पर नेकटाई बिना साइज के होला बाकी सामान्य से लमहरो साइज में उपलब्ध हो सके ला। कुछ संस्कृति सभ में मरद आ लड़िका लोग ऑफिस के पोशाक भा औपचारिक कपड़ा के हिस्सा के रूप में नेकटाई पहिनेलें। मेहरारू लोग एकरा के कम पहिरेली। नेकटाई वर्दियो के हिस्सा हो सकेला। बहुत सारा इस्कूल सभ में ई इस्कूली वर्दी के हिस्सा होखे ला।
नेकटाई परंपरागत रूप से ऊपर के शर्ट के बटन के बंद क के पहिरल जाला आ टाई के गाँठ कॉलर के बिचला बिंदु सभ के बीच में गाँठल रहे ला।