From Wikipedia, the free encyclopedia
झूँसी या झूंसी, प्रयागराज के एगो उपनगर हवे। ई प्रयागराज शहर के पूरुब में, गंगा नदी के पार बसल बस्ती हवे। प्रयागराज के मोहल्ला दारागंज आ झूँसी के बीच में सड़क लालबहादुर शास्त्री पुल बाटे आ रेलवे पुल (आइजेट ब्रिज) बा। झूँसी में रेलवे टीशनो बा।
झूँसी से कुछ दूर पर एगो प्राचीन इनार बा जेकरा के समुद्रकूप के नाँव से जानल जाला आ ई समुद्रगुप्त के बनवावल मानल जाला। प्रयागराज जिला गजेटियर में दिहल बर्णन के मोताबिक झूसी के प्राचीन नाँव प्रतिष्ठानपुर रहल आ ई प्रयाग से पुरान नगर हवे काहें से कि पहिले प्रयाग में खाली ऋषि-मुनि लोग के आश्रम भर रहे। एह प्रतिष्ठान पुर के चंद्रबंसी राजा पुरुरवा (ऐल) के राजधानी बतावल जाला। इहो बतावल जाला कि पुरुरवा अपना महतारी इला खाती एगो आवास गंगा पार बनववले रहलें जे "इलाआवास" कहाय आ बाद में बिगड़ के इलाहाबास भ गइल रहे, अकबर एही के कुछ बदल के इलाहाबाद कऽ दिहलें।
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.