झारखंड
भारत के एगो राज्य / From Wikipedia, the free encyclopedia
झारखंड भारत के 28 राज्यन में से एगो राज्य ह आ एकर राजधानी राँची में बा। ई इलाका पहिले बिहार राज्य के हिस्सा रहल आ 15 नवंबर 2000 में एकरा के अलग राज्य के दर्जा दिहल गइल। पठारी आ पहाड़ी इलाका आ बन-संपदा से भरपूर ई क्षेत्र खास तौर से अपना खनिज संसाधन सभ खाती जानल जाला आ एही कारन इहाँ कई गो खनिज आधारित उद्योगो बा; एकरा बावजूद बिकास के मामिला में ई राज्य पिछड़ल बाटे।
झारखंड | |
---|---|
Coordinates (राँची): 23.35°N 85.33°E / 23.35; 85.33 | |
देस | भारत |
क्षेत्र | पुरबी भारत |
निर्माण | 15 नवंबर 2000 |
राजधानी | राँची |
बड़ शहर | जमशेदपुर |
जिला | 24 |
Area | |
• Total | 79,714 किमी2 (30,778 बर्ग मील) |
• Rank | 16वाँ |
Population (2011)[1] | |
• Total | 32,988,134 |
• Rank | 14वाँ |
• Density | 414/किमी2 (1,070/बर्ग मील) |
Time zone | UTC+05:30 (IST) |
Website | www |
†Formed by the Bihar Reorganisation Act, 2000 |
झारखंड राज्य के कुल रकबा 79,714 वर्ग किलोमीटर बाटे आ ई भारत के पूरबी हिस्सा में पड़े वाला राज्य हवे। एकरे उत्तर में बिहार, पूरुब ओर पच्छिम बंगाल, दक्खिन में उड़ीसा राज्य आ पच्छिम ओर छत्तीसगढ़ आ कुछ सीमा उत्तर प्रदेश के साथे लागे ला। भारत के भौतिक बिभाजन अनुसार ई इलाका पूरबी पठार के हवे जेह में कैमूर श्रेणी से ले के छोटा नागपुर के पठार के इलाका आवे ला। उत्तर के हिस्सा के नदी सभ गंगा थाला के नदी बाड़ीं स आ दक्खिन से उत्तर के ओर बहे लीं जबकि दक्खिनी हिस्सा के अपवाह पूरुब ओर के बा। जलवायु मानसूनी हवे, साल में चार महीना बरखा के होला जे जून से सितंबर ले होला। माटी बहुत उपजाऊँ ना हवे बाकी बनस्पति के मामिला में धनी राज्य हवे।
झारखंड के कुल जनसंख्या, साल 2011 के जनगणना अनुसार, 32,988,134 रहल।[1] इहाँ के काफी सारा लोग आदिवासी समुदाय से हवे आ उद्योग के चलते बाहरी जगह के लोग भी इहाँ के शहर सभ में भारी संख्या में मिले लें। राजधानी राँची, धनबाद आ जमशेदपुर एह राज्य के प्रमुख शहर हवें।