झरना
बहुत तेज चाहे लगभग खड़ा ढाल के सहारे पानी के बहाव / From Wikipedia, the free encyclopedia
झरना (अंग्रेजी: waterfall) अइसन थलरूप होला जहाँ कौनों नदी के पानी ऊँचाई से अचानक नीचे गिरे ला।[1][2] झरना से कम ढाल वाला, बाकी तब्बो बहुत मजिगर तेज बहाव वाला थलरूप के अंग्रेजी में रैपिड के नाँव से जानल जाला। झरना के रूप कई किसिम के हो सके ला - ई एकही सिंगल धारा के रूप में हो सके ला भा कई गो धारा में छितरा के गिरे वाला (कैस्केड झरना) हो सके ला; एक्के बेर में पूरा पानी ऊपर से नीचे आवे वाला (सिंगल ड्रॉप) वाला हो सके ला चाहे कई खंड में नीचे गिरे वाला (सीढ़ीदार झरना) हो सके ला।
भूगोलीय चक्र चाहे नदी कटाव चक्र, में झरना के नदी के युवाअवस्था के थलरूप मानल जाला। इहो मानल जाला कि आमतौर पर झरना छोट-छोट जलधारा आ नद्दी सभ के बिसेस्ता हवे, हालाँकि, कुछ बहुत बिसाल नदी सभ भी झरना बनावे लीं जइसे कि नियाग्रा झरना।[3]
ऊपर से नीचे के आधार तक ले के पूरा ऊँचाई के आधार पर दक्खिन अफ्रीका के तुगेला झरना आ सिंगल ड्राप ऊँचाई के आधार पर वेनेजुएला के एंजेल झरना दुनियाँ के सभसे ऊँच झरना बाड़ें। भारत के सभसे ऊँच सिंगल ड्राप झरना कुंचिकल झरना हवे। दुनियाँ के सभसे बिसाल झरना जमीन पर ना बलुक समुंदर के भीतर डेनमार्क जलजोड़ के झरना हवे।[4]