ज्यूसेप्पी वेर्दी
From Wikipedia, the free encyclopedia
ज्यूसेप्पी वेर्दी (9 चाहे 10 अक्टूबर 1813 – 27 जनवरी 1901) एगो इटैलियन संगीतकार आ ऑपेरा कंपोजर रहलें। इनके जनम बुसेतो के नगीचे भइल आ परिवार बहुत धनीमनी ना रहल बाकी ई एगो लोकल संरक्षक के सहारे संगीत के अध्ययन कइलें आ अपना तीस बरिस के उमिर तक पहुँचत-पहुँचत एगो अगुआ ऑपेरा कंपोजर के रूप में परसिद्ध हो चुकल रहलें।
![Thumb image](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/7/7c/Verdi-photo-Brogi.jpg/220px-Verdi-photo-Brogi.jpg)
Portrait of Giuseppe Verdi by Giacomo Brogi
![Verdi's signature](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/0/0f/Giuseppe_Verdi_signature.svg/640px-Giuseppe_Verdi_signature.svg.png)
इनके कंपोज कइल ओपेरा में से कुछ प्रमुख बाड़ें: नाबुको (1842), एइडा (1871), रेक्वीम (1874), ओतेलो (1887) आ फाल्स्ताफ (1893)।