जॉन मेनार्ड कीन्स
From Wikipedia, the free encyclopedia
जॉन मेनार्ड कीन्स (John Maynard Keynes, केंज़; 5 जून 1883 – 21 अप्रैल 1946) एगो ब्रिटिश अर्थशास्त्री रहलें। कीन्स के बिचार मैक्रोइकोनॉमिक्स के क्षेत्र में अतना परभावशाली भइलें कि मैक्रोइकोनॉमिक्स आ देसन के राष्ट्रीय आर्थिकी नीति के क्षेत्र में भारी बदलाव भ गइल। कीन्स बीसवीं सदी के सभसे परभावशाली अर्थशास्त्री लोग में से एक रहलें आ अपना पहिले के लोगन के काम से आगे बढ़े आ ओह काम सभ में भारी सुधार आ परिष्कार करे के काम कइलें। इनका के आधुनिक मैक्रोइकोनॉमिक थियरी के संस्थापक मानल जाला। इनके बिचार आ दिहल सिद्धांत सभ के आधार पर इकोनॉमिक्स में एगो अलग इस्कूल (पंथ) के अस्थापना भइल जेकरा के कीन्सियन अर्थशास्त्र कहले जाला।
Quick Facts The Lord Keynes, जनम ...
The Lord Keynes | |
---|---|
जनम | (1883-06-05)5 जून 1883 Cambridge, Cambridgeshire, England |
निधन | 21 अप्रैल 1946(1946-04-21) (उमिर 62) Tilton, near Firle, Sussex, England |
राष्ट्रीयता | British |
जीवनसाथी | Lydia Lopokova |
Institution | King's College, Cambridge |
Field |
|
School or tradition | Keynesian economics |
Alma mater |
|
Influences | Jeremy Bentham, Thomas Malthus, Alfred Marshall, Nicholas Johannsen, Knut Wicksell, Piero Sraffa, John Neville Keynes, Bertrand Russell[1] |
Contributions |
|
Close