चौसा आम
आम के किसिम / From Wikipedia, the free encyclopedia
चौसा भा चौंसा (उर्दू: چونسا) आम के एक ठो किसिम हवे। चौसा के मूल पैदावार के इलाका वर्तमान पाकिस्तान के मीरपुर ख़ास, सिंध, मुल्तान, साहीवाल, आ पच्छिमी पंजाब हवे। आम के ई किसिम शेर शाह सूरी द्वारा पूरा भारतीय उपमहादीप में पापुलर बनावल गइल रहे।[1] हुमाँयू के चौसा के लड़ाई में हरावे के बाद शेर शाह एह अपना पसंदीदा आम के नाँव चौसा रखलें। पुराना समय में उत्तर प्रदेश के गाजीपुर के इलाकन में एकरे बहुतायत के चलते एकरा के गाजीपुरिया आम भी कहल जाला।
![Thumb image](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/c/c0/%27Chaunsa%27_mango.jpg/640px-%27Chaunsa%27_mango.jpg)
![Thumb image](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/f/f3/%27Chaunsa%27_mango_%28sliced%29.jpg/640px-%27Chaunsa%27_mango_%28sliced%29.jpg)
पाक जाए के बाद चौसा आम के रंग सोनहरा पीयर होला। एकर आपन ख़ास किसिम के सुगंध होले आ मधुर मीठ सवाद होला। एकर ख़ास मिठास आ सुगंध के चलते ई आम देस बिदेस में बहुत पसंद कइल जाला आ एकरा के "आम सभ के राजा" भी कहल जाला। सब तरह से देखल जाय त ई आम अपना मिठास, सुगंध, सवाद आ पर्याप्त गुद्दा आ हाई पोषक तत्व सभ के कारण सभसे बेहतरीन आम मानल जाला।[2]
पकिस्तान में चौसा के पाके के सीजन जून के सुरुआत से ले के अगस्त के बीच तक ले हवे। बिदेसन में भारी मांग के कारण ई अरब देस, यूरोप आ अमेरिका खातिर खूब निर्यात कइल जाला।[3] चौसा के भी तीन गो वेरायटी बतावल जाले: मधु (शहद) चौसा, मीठा चौसा, आ सफ़ेद चौसा। एह में सफ़ेद चौसा के सभसे ढेर निर्यात होला काहें से कि तूरे के बाद देर तक ले रखल जा सके ला।
भारत से दसहरी आ लंगड़ा के साथे चौसा आम के निर्यात चीन देस के भी होखे शुरू हो गइल बाटे।[4]