चैटजीपीटी
डायलाग खाती ऑप्टिमाइज कइल भाषा मॉडल / From Wikipedia, the free encyclopedia
चैटजीपीटी (ChatGPT, जेनेरेटिव प्री-ट्रेन्ड ट्रांसफार्मर)[1] एगो चैटबॉट हवे जे ओपनएआइ द्वारा नवंबर 2022 में लॉन्च कइल गइल। ई ओपनएआई के जीपीटी-3.5 परिवार के टॉप पर बनावल गइल बा जे बड़हन भाषा मॉडल सभ के बाड़ें, आ एकरा के सुपरवाइज आ रिनफोर्समेंट लर्निंग टेकनीक दुनों के साथ बढ़ियाँ से ट्यून कइल गइल बा।
Quick Facts डेवलपर, सुरुआती रिलीज ...
डेवलपर | ओपेनएआइ (OpenAI) |
---|---|
सुरुआती रिलीज | नवंबर 30, 2022; 17 महीना पहिले (2022-11-30) |
प्रकार | आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस चैटबॉट |
लाइसेंस | प्रोपराइटरी |
वेबसाइट | chat |
Close
चैटजीपीटी के प्रोटोटाइप के रूप में 30 नवंबर 2022 के लॉन्च कइल गइल आ ज्ञान के कई डोमेन सभ में एकरे बिस्तार से प्रतिक्रिया आ आर्टिक्यूलेट जवाब सभ खातिर ई जल्दी से धियान अपना ओर खींचलस। एकर असमान तथ्यात्मक सटीकता के एगो महत्वपूर्ण खामी के रूप में पहचानल गइल बा। [2] चैटजीपीटी के लांच के बाद, ओपनएआई के कीमत के अनुमान US$29 बिलियन लगावल गइल बाटे।[3]