चटगाँव
From Wikipedia, the free encyclopedia
चटगाँव या चटगा बांग्लादेश के प्रमुख शहर आ बंदरगाह बा आ आर्थिक रूप से महत्त्व के जगह हवे। शहर के कुल जनसंख्या 2.5 मिलियन (25 लाख)[3] आ पूरा मेट्रो एरिया के जनसंख्या 2011 के जनगणना अनुसार 40 लाख[3] रहल आ ई बांग्लादेश के दूसरा सभसे बड़ शहर बा। अपनहीं नाँव के जिला आ मंडल के मुख्यालय भी बा। शहर चटगाँव के पहाड़ी आ बंगाल के खाड़ी के बिचा में कर्णफूली नदी के तीर पर बसल बाटे। इकोलॉजी के हिसाब से ई इंडो-बर्मा जोन में आवे ला आ भूबिज्ञान के हिसाब से इंडो-बर्मा प्लेट के ऊपर स्थित बाटे। प्रादेशिक भूगोल के हिसाब से ई भारतीय उपमहादीप आ दक्खिन-पुरुब एशिया के बीच में मौजूद बा। इतिहासी घटना सभ के हिसाब से भी एह शहर के काफी महत्व बाटे।
Quick Facts चटगाँव চট্টগ্রামचट्टग्राम, चटगा, देश ...
चटगाँव
চট্টগ্রাম चट्टग्राम, चटगा | |
---|---|
शहर | |
Nicknames: Queen of East, City of Twelve Aulias (Bara auliar nagar), Commercial Capital of Bangladesh | |
Coordinates: 22°22′N 91°48′E | |
देश | बांग्लादेश |
मंडल | चटगाँव |
जिला | चटगाँव जिला |
स्थापना | 1340 |
शहर के दर्जा मिलल | 1863[1] |
Area | |
• शहर | 168.07 किमी2 (64.89 बर्ग मील) |
Elevation | 351 m (1,152 ft) |
Population (2011) | |
• शहर | 2,581,643 |
• Metro | 4,009,423 |
[3] | |
Time zone | UTC+6 (BST) |
डाक कोड | 4000, 4100, 42xx |
फोन कोड | +880 31 |
Website | Chittagong City Corporation |
Close