चंद्रयान प्रोग्राम भा चंद्रयान कार्यक्रम भारतीय अंतरिक्ष एजेंसी इसरो के चंद्रमा के खोज करे बदे जारी बाहरी अंतरिक्ष (आउटर स्पेस) वाला मिशन बा। एकरा के इंडियन लूनर एक्सप्लोरेशन प्रोग्राम (Indian Lunar Exploration Programme) के नाँव से भी जानल जाला। एह प्रोग्राम में चंद्रमा ले जाए वाला अंतरिक्ष बिमान, ऑर्बिटर, लैंडर आ रोवर शामिल बाड़ें।

Quick Facts प्रोग्राम परिचय, देस ...
चंद्रयान प्रोग्राम
Thumb
LVM3 M1 lifting off with चंद्रयान-2 on 22 July 2019
प्रोग्राम परिचय
देसभारत
संस्थाइसरो (ISRO)
मकसदExploration of the Moon
स्थितिचालू
प्रोग्राम इतिहास
लागत1,364 करोड़ (US$190 मिलियन)[1][2]
समय2008–अबतक ले
पहिली उड़ानचंद्रयान-1, 22 अक्टूबर 2008; 15 साल पहिले (2008-10-22)
अंतिम उड़ानचंद्रयान-3, 14 जुलाई 2023; 10 महीना पहिले (2023-07-14)
लांच के जगहसतीश धवन स्पेस सेंटर
Vehicle information
लांच बिमान
Close

अबले एह प्रोग्राम के तहत तीन ठे मिशन लांच हो चुकल बाड़ें। 2008 में चंद्रयान-1 एकर पहिला लांच रहल जेह में ऑर्बिटर आ इंपैक्ट प्रोब (टक्कर करे वाला हिस्सा) रहल; ई मिशन पूरा तरीका से सफल रहल। दुसरा लांच 2019 के चंद्रयान-2 रहल जेह में ऑर्बिटर, लैंडर आ रोवर शामिल रहलें; ई कुछ हद तक बिफल रहल काहें से कि एकर लैंडर सॉफ्ट-लैंडिंग ना क पवलस आ क्रैश क गइल रहे, बाकी ऑर्बिटर अभिन ले चंद्रमा के चक्कर लगा रहल बाटे।

प्रोग्राम के तिसरहा आ सभसे हाल के लांच चंद्रयान-3 बा जे, 23 अगस्त 2023 चंद्रमा पर पहुँचल आ एकर विक्रम लैंडर चंद्रमा के सतह पर सॉफ्ट-लैंडिंग क के उतरल। एह तरीका से ई मिशन अभिन ले सफलता से चालू बा आ एकर प्रज्ञान रोवर चंद्रमा के खोजबीन शुरू क देहले बाटे।

मिशन सभ के लिस्ट

लैंडिंग

  Successful hard landing
  Successful soft landing
  Unsuccessful landing

मिशन

  Successful and inactive
  Active
  Unsuccessful

More information मिशन, लांच तारीख ...
मिशन
लांच तारीख
लांच बिमान
ऑर्बिट में जाए के तारीख लैंडिंग तारीख वापसी तारीख Status
मुख्य
मिशन
बिस्तारित
मिशन
उमेद कइल मिशन कार्यकाल कुल मिशन कार्यकाल नोट
Phase 1: Orbiter and impactor
चंद्रयान-1 22 October 2008 PSLV-XL 8 November 2008 टेम्पलेट:WinDL Success टेम्पलेट:No attempt 2 years 310 days First Indian Lunar mission; discovered water on the Moon.
Phase 2: Soft landers and rovers
चंद्रयान-2 22 July 2019 LVM3 20 August 2019 टेम्पलेट:WinDL Success टेम्पलेट:Operational 7.5 years 4 साल, 9 महीना, 2 दिन elapsed First Indian Lunar lander and rover mission; lander crashed.
चंद्रयान-3 14 July 2023 5 August 2023 टेम्पलेट:WinDL टेम्पलेट:Operational TBD 14 days 9 महीना, 12 दिन elapsed First Indian lunar soft landing; humanity's first landing near lunar south pole.
Phase 3: Onsite sampling
LUPEX TBD 2026–28 H3 TBD TBD TBD TBD 6 months TBD Collaborative mission with JAXA.
Close

गैलरी

संदर्भ

Wikiwand in your browser!

Seamless Wikipedia browsing. On steroids.

Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.

Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.