चंद्रगुप्त I
From Wikipedia, the free encyclopedia
एकरा के चंद्रगुप्त मौर्य से अलगा बूझल जाय।
चंद्रगुप्त I, पहिला चंद्रगुप्त भा चंद्रगुप्त प्रथम प्राचीन भारत के गुप्त साम्राज्य के पहिला प्रमुख आ परसिद्ध राजा रहलें। उनके आसपास के राज्यन के साथ गुप्त बंस के संबंध घनिष्ठ बनावे बदे जानल जाला। इनकर बियाह लिच्छवि राजकुमारी से भइल जे साइत नेपाल के रहली आ संभवतः गुप्त लोग वैश्य वर्ण के रहल आ एह तरीका से क्षत्री कुल में बियाह से इनहन लोग के परतिष्ठा में बढ़ती भइल।[1]
Quick Facts 3सरा गुप्त सम्राट, Reign ...
चंद्रगुप्त I | |
---|---|
3सरा गुप्त सम्राट | |
Reign | ल॰ 320 – c. 335 CE |
Coronation | 320 CE |
Predecessor | घटोत्कच |
Successor | समुद्रगुप्त |
संगिनी | कुमारदेवी |
Issue | |
Dynasty | गुप्त |
Father | घटोत्कच |
Close
चन्द्रगुप्त I, गुप्त साम्राज्य के संस्थापक श्री गुप्त के पोता आ घटोत्कच के लइका रहलें आ एह तरीका से श्रीगुप्त आ घटोत्कच के बाद एह बंस के तीसरा राजा रहलें। इनके राज के सुरुआत 319-320 ई से भइल आ एह उपलक्ष में ई नया संवत चलवलें जेकरा के गुप्त संवत कहल जाला आ बाद के कई अभिलेख सभ में एकर जिकिर मिले ला।[1] इनका बाद इनके लइका समुद्रगुप्त गद्दी पर बइठलें।