ग्रेट साल्ट लेक
From Wikipedia, the free encyclopedia
ग्रेट साल्ट लेक (अंग्रेजी: Great Salt Lake) पच्छिमी गोलार्ध में सभसे बड़हन नमकीन पानी के झील बाटे,[1] आ पूरा दुनियाँ के आठवाँ सभसे बड़हन टर्मिनल झील बा।[2] ई झील अमेरिका के ऊटा राज्य के उत्तरी इलाका में पड़े ले आ लोकल जलवायु पर एकर परभाव देखे के मिले ला। ई झील पुराना जमाना के इतिहासी झील बोनेविले के बाकी बचल हिस्सा हवे जे कब्बो पच्छिमी ऊटाह के जादेतर हिस्सा पर बिस्तार लिहले रहे।
Great Salt Lake | |
---|---|
लोकेशन | Utah, United States |
निर्देशांक | 41°10′N 112°35′W |
प्रकार | Endorheic, hypersaline |
आगम | Bear, Jordan, Weber rivers |
थाला | 21,500 sq mi (55,685 km²) |
थाला के देस | United States |
अधिकतम लंबाई | 75 mi (120 km) |
अधिकतम चौड़ाई | 28 mi (45 km) |
सतह क्षेत्र | 1,700 sq mi (4,400 km²) |
औसत गहिराई | 16 ft (4.9 m), when lake is at average level |
अधिकतम गहिराई | 33 ft (10 m) average, high of 45 फीट (14 मी) in 1987, low of 24 फीट (7.3 मी) in 2021 |
आयतन | 15,338,693.6 एकड़·फीट (18.92 किमी3) |
सतह ऊँचाई | historical average of 4,200 feet (1,283 m), 4,192.9 feet (1,277 m) as of 2017 November 17 |
दीप | 8–15 (variable, see Islands) |
आबादी | Salt Lake and Ogden metropolitan areas. |
कौनों साधारण साल में नापजोख के औसत आधार पर एकर रकबा 1,700 वर्ग मील (4,400 किमी2) रहे ला,[2] हालाँकि, एकरा छिछिल गहिराई, बस 16 फीट (4.9 मी) के चलते एकरे एरिया में एक साल से दुसरे साल के बीचा में अंतर देखे के मिले ला। 1980 के दशक में ई इतिहासी 3,300 वर्ग मील (8,500 किमी2) ले पहुँच गइल रहे आ वेस्टर्न डेज़र्ट पंपिंग प्रोजेक्ट चलावल गइल कि एह झील से पानी पंप क के अगल-बगल के रेगिस्तान में भेजल जा सके आ लोकल बाढ़ के रोकल जा सके। 2021 में, कई सालन के सूखा के चलते आ ऊपरी धारा सभ के डाइवर्शन के चलते ई सभसे कम एरिया के रिकार्ड लेवल 950 बर्ग मील (2,460 km²) ले पहुँच गइल जे एकरे पाहिले 1963 में रिकार्ड कइल सभसे कम एरिया से भी कम रहल।[2][3]
एह झील में गिरे वाली तीन गो सहायिका नदी जॉर्डन, वेबर आ बियर नदी सभ मिल के एह झील में सालाना लभग 11 लाख टन खनिज सभ के ले आ के बिछावे लीं।[1] झील से पानी निकसे के कौनों जरिया नइखे आ खाली भाप बन के उड़े से एकरे पानी के कमी होला, एही कारण एह झील के पानी नमकीन हवे (समुंदरी खारा पानी से बहुते बेसी हवे) आ पानी के डेंसिटी बहुत बेसी हवे। पानी के डेंसिटी बेसी होखे के कारन एह में पँवरे वाला लोग के अइसन बुझाला की ऊ पानी पर उतिरा के पँवर रहल बा।
एकरा के "अमेरिकी डेड सी" कहल जाला,[4] आ ई कई लाख अहिजा के देसी चिरई-चुरुंग, नमकीन पानी के झींगा, तीरे के चिरई, आ पनमुर्गी सभ के आवास उपलब्ध करावे ले आ विल्सन'स फैलारॉप (Wilson's phalarope) नाँव के चिरई के सभसे बेसी आबादी एहिजा मिले ले।[5]