ऑस्ट्रेलिया के परबत From Wikipedia, the free encyclopedia
ग्रेट डिवाइडिंग रेंज (अंग्रेज़ी: Great Dividing Range, मतलब:महान बिभाजन करे वाली परबत श्रेणी) भा ईस्टर्न हाइलैंड्स (Eastern Highlands, पूरबी ऊँच भूमी ) ऑस्ट्रेलिया के सबसे बड़ परबत श्रेणी बाटे आ दुनिया के तीसरी सबसे लम्बी जमीनी परबत श्रेणी (गैर-समुंदरी) भी बा। ई पूर्वोत्तर क्वीन्ज़लैंड राज्य के तट से पार स्थित डाउअन द्वीप से ले के दक्खिन दिसा में में 3,500 किमी तक न्यू साउथ वेल्स आ विक्टोरिया राज्यन ले फइलल बाटे। ग्रेट डिवाइडिंग रेंज के चौड़ाई बिभिन्न जगह पर 150 किमी से 300 किमी के बीच बा। ऑस्ट्रेलिया के कई ठे नदी सभ एही परबत से निकले लीं, जिनहन में डारलिंग नदी भी शामिल बा।[2] एकर कई ठे उपश्रेणी भी बाड़ी, जइसे की स्नोई पर्वत (Snowy Mountains)। ऑस्ट्रेलिया के सभसे ऊँच पहाड़, 2,228 मीटर ऊँचाई वाला कोसीओस्को पर्वत (Mount Kosciuszko), एही स्नोई रेंज में स्थित बाटे।[3]
ग्रेट डिवाइडिंग रेंज | |
---|---|
ईस्टर्न हाइलैंड्स | |
Highest point | |
परबतचोटी | माउंट कोसीओस्की |
ऊँचाई | 2,228 मी (7,310 फीट) |
डाइमेंशन | |
लंबाई | 3,500 किमी (2,200 मील) उत्तर-दक्खिन |
भूगोल | |
देस | ऑस्ट्रेलिया[1] |
राज्य/प्रांत | न्यू साउथ वेल्स, क्वींसलैंड and विक्टोरिया |
Geology | |
चट्टान के उमिर | कार्बनीफेरस |
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.