![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/f/f5/House_Sparrow_mar08.jpg/640px-House_Sparrow_mar08.jpg&w=640&q=50)
गौरइया (ग्रुप)
From Wikipedia, the free encyclopedia
ई लेख चिरई सभ के समूह के बारे मे बा, एह समूह के सभसे आम चिरई खातिर खातिर, गौरइया देखल जाय।
गौरइया एगो पासराइन परीवार के एगो छोटहन चिरई हीया। एह ग्रुप में कई गो प्रजाति के चिरई आवे लीं जेह में सभसे आम पावल जाए वाली प्रजाति के हाउस स्पैरो के नाँव से जानल जाला। एह चिरई सभ के अंग्रेजी में ट्रू स्पैरो चाहे ओल्ड वल्ड स्पैरो भी कहल जाला। ई अमेरिकी स्पैरो से अलग होखे लीं काहें से कि ऊ पासरेलिडाई परिवार के हईं आ जावा स्पैरो भी इनहन से अलगा होखे लीं आ एस्ट्रिल्डिडाई परिवार के होलीं। एही से स्पैरो नाँव भर होखे से सगरी एह ग्रुप में ना आ जालीं।
Quick Facts गौरइया (ग्रुप), बैज्ञानिक वर्गीकरण ...
गौरइया (ग्रुप) | |
---|---|
![]() | |
A male house sparrow | |
बैज्ञानिक वर्गीकरण ![]() | |
किंगडम: | एनिमेलिया (Animalia) |
फाइलम: | कार्डेटा (Chordata) |
ऑर्डर (Order): | सौरिशिया |
सबऑर्डर: | थेरोपोडा |
क्लास: | एव्स |
ऑर्डर (Order): | पासरिफ़ार्मेस |
Suborder: | Passeri |
Infraorder: | Passerida |
परिवार: | Passeroidea |
परिवार: | पासरिडाई Rafinesque, 1815 |
Genera | |
|
Close
गौरइया ग्रुप के चिरई सभ में कुछ मनुष्यन के घर में आपन खतोना लगावे लीं, एही से इनहन के नाँव घरेलू गौरैया परल, एकरे अलावा यूरेशियन स्पैरो भी घर के आसपास आ शहरन में पावल जाले। इहे वजह बा ई ई सभसे परिचित चिरई हईं। कभी कभार भोजपुरी भाषा में चिरई या नेपाली में चरा के मतलबे गौरइया से लिहल जाला।
![]() | ई चिरई-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |