गोलार्ध
From Wikipedia, the free encyclopedia
गोलार्ध (अंग्रेजी: hemispheres) चाहे पृथ्वी के गोलार्ध (hemispheres of Earth) पृथ्वी के ग्लोब के दू हिस्सा में बाँटला से बनेला;[1][2] शब्द के मतलब होला गोला के आधा हिस्सा। अंग्रेजी भाषा के शब्द हेमिस्फियर मूल रूप से ग्रीक भाषा से आइल हवे आ एहू के मतलब होला कौनों गोला के आधा हिस्सा।
पृथिवी के आकृति पृथिव्याकार भा ज्याॅइड (geoid) हवे हालाँकि, आसानी खातिर एकरा के गोला के आकृति के कल्पना कइल जाला आ एकर छोट मॉडल ग्लोब कहालें। एह गोल आकृति के ग्लोब के कई आधारन पर दू हिस्सा में बाँटल जा सके ला। सभसे चलनसार तरीका बा कि अक्षांस आ देशांतर के हिसाब से दू हिस्सा में बाँट दिहल जाय। एकरे अलावा अउरियो कई तरीका आ आधार पर पृथिवी के दू हिस्सा में बाँटल जाला।