गुलाबी सदाबहार
फूलदार सजावटी पौधा सदाबहार के एगो प्रजाति / From Wikipedia, the free encyclopedia
गुलाबी सदाबहार (Catharanthus roseus, कैथेरेंथस रोज़स/रोस़स) एगो फूलवाला पौधा के प्रजाति हवे जे सदाबहार (कैथेरेंथस जाति) के आठ गो प्रजाति सभ में से एक हवे। सदाबहार सभ में बारहों महीना फूल फुलालें आ एह सदाबहार में फूल गुलाबी भा सफेद रंग के होलें। अंग्रेजी में एकरा के पिंक पेरिविंकल कहल जाला। मूल रूप से ई मैडागास्कर के पौधा हवे हालाँकि अब लगभग पूरा दुनिया में गरम आ कुछ गरम (शीतोष्ण) इलाका सभ में होला। भारत-पाकिस्तान में ई आम सजावटी पौधा हवे जेकरा लोग अपना घरे कियारी भा गमला में लगावेला।
Quick Facts गुलाबी सदाबहार, बैज्ञानिक वर्गीकरण ...
गुलाबी सदाबहार | |
---|---|
बैज्ञानिक वर्गीकरण ![]() | |
किंगडम: | प्लेंटाई (Plantae) |
क्लैड (Clade): | एंजियोस्पर्म (Angiosperms) |
क्लैड (Clade): | यूडिकॉट्स (Eudicots) |
क्लैड (Clade): | एस्टराइड (Asterids) |
ऑर्डर (Order): | Gentianales |
परिवार: | Apocynaceae |
जाति (Genus): | Catharanthus |
प्रजाति: | C. roseus |
दूपद नाँव | |
Catharanthus roseus (L.) G.Don[1] | |
अउरी दूसर नाँव | |
|
Close
एह पौधा के सोर, पतैई आ फूल सभ के जड़ी-बूटी नियर इस्तेमाल होला। आधुनिक मेडिकल साइंस में एकरे पौधा से निकासल एल्केलाइड सभ के कई बेमारी सभ के इलाज में इस्तेमाल होला।