गुट-निरपेक्ष आंदोलन
अइसन देसन के मंडली जे कवनों बड़हन पावर ब्लॉक (गुट) के साथे भा बिरोध में ना बाड़ें / From Wikipedia, the free encyclopedia
गुट-निरपेक्ष आंदोलन (अंग्रेजी: Non-Aligned Movement; उच्चा.: नॉन-अलाइन्ड मूवमेंट; संछेप में NAM) 120 देस सभ के मंच (फोरम) हवे जे कौनों प्रमुख सत्ता समूह (पावर ब्लॉक) के संघे भा बिपरीत औपचारिक रूप से गठबंधन नइखन कइले। यूनाइटेड नेशंस के बाद ई दुनिया भर में राज्य सभ के सभसे बड़हन मंडली हवे।
गुट-निरपेक्ष आंदोलन Non-Aligned Movement | |
---|---|
नाम के वर्तमान मेंबर देस सभ। हल्का-बुलू कलर में ऑब्जर्वर-स्टेट देखावल गइल बाने। | |
कोऑर्डिनेटिंग ब्यूरो | यूनाइटेड नेशंस New York City, U.S.[1] |
सदस्यता (मेंबरशिप) |
|
नेता | |
• प्रमुख निर्णय- निर्धारक अंग | Conference of Heads of State or Government of Non-Aligned Countries (2019–22) |
इस्थापित | बेलग्रेड, Socialist Federal Republic of Yugoslavia 1 सितंबर 1961; 62 साल पहिले (1961-09-01) as the Conference of Heads of State or Government of Non-Aligned Countries |
ई आंदोलन कोरियाई जुद्ध के बाद शुरू भइल, कोल्ड वार के दौरान दुनिया के तेजी से होखे वाला दू-ध्रुवीकरण के मुकाबला करे के कुछ देस सभ के कोसिस के रूप में, जवना में दू गो प्रमुख ताकत सभ ब्लॉक बना के बाकी दुनिया के खींच के अपना पक्ष में कइल चाहत रहलीं। एह में से एगो सोवियत समर्थक समाजवादी ब्लॉक रहल जेकर सभसे परसिद्ध गठबंधन वारसॉ पैक्ट रहल आ दुसरा अमेरिकी समर्थक पूंजीवादी देस सभ के मंडली रहल जेह में से कई ठे नाटो से संबंधित रहलें। इनहन दुनों धुरी से अलगा रहे के नीति आ कोसिस में, 1955 के बांडुंग सम्मेलन में जवना सिद्धांतन पर सहमती बनल रहल उनहन के आधार प 1961 में युगोस्लाविया के बेलग्रेड में युगोस्लाविया के राष्ट्रपति जोसिप ब्रॉज टीटो, भारतीय प्रधानमंत्री जवाहरलाल नेहरू, मिस्र के राष्ट्रपति गमल अब्देल नासर, घाना के राष्ट्रपति क्वामे नकरुमाह, आ इंडोनेशिया के राष्ट्रपति सुकर्णो द्वारा मिल के ई मंच बनावल गइल।
गुट-निरपेक्ष आंदोलन के देस सभ संयुक्त राष्ट्र के सदस्य संख्या के लगभग दू तिहाई हिस्सा के प्रतिनिधित्व करे लें आ एह देसन में दुनिया के 55 % आबादी शामिल बा। सदस्यता खासतौर पर बिकासशील देस मानल जाए वाला देस सभ में केंद्रित बाटे हालाँकि, एह मंडली में कई ठे बिकसित देस सभ भी बाड़ें।