खरबुज्जा
From Wikipedia, the free encyclopedia
ई लेख सभसे आम किसिम के बारे मे बा, बैज्ञानिक बर्गीकरण में प्रजाति खातिर, खरबुज्जा, प्रजाति देखल जाय।
खरबुज्जा भा खरबूजा काँकर-खरबूजा जाति के एगो पौधा हवे जेह में गोल-गोल फर होला आ एही खाती एकर खेती कइल जाला। ई गरमी के सीजन के फल हवे आ उत्तरी गोलार्ध में मार्च से जून के बीच एकर फसल होले; सीजन के भारत में जायद के खेती भी कहल जाला। खरबुज्जा के फल आमतौर पर 0.5 किग्रा से ले के 5 किग्रा तक के हो सके ला। अंग्रेजी में एकरा के कैंटालोप कहल जाला आ वर्तमान में (2016 के आँकड़ा अनुसार) चीन एह फल के सभसे बड़ उत्पादक देस बाटे जे पूरा दुनिया के होखे वाला उत्पादन के लगभग आधा हिस्सा पैदा करे ला।[1]