क्लाउड कंप्यूटिंग
From Wikipedia, the free encyclopedia
क्लाउड कंप्यूटिंग (अंग्रेजी: cloud computing) कन्फिगर कइल जा सके लायक कंप्यूटर संसाधन सभ के नेटवर्क पर साझा इस्तेमाल हवे आ बहुधा ई इंटरनेट नियर बिस्वव्यापी नेटवर्क पर काम करे ला। एह सिस्टम में, कंप्यूटिंग के सर्विस, डेटा के भंडार (स्टोरेज) के सर्विस, डेटाबेस मैनेजमेंट, नेटवर्क आ एप्लीकेशन वगैरह के सर्विस सभ नेटवर्क (इंटरनेट जेकरा कल्पना "दि क्लाउड" (बदरी) के रूप में कइल गइल बा) पर उपलब्ध करावल जाला जवना से कि बेसी फास्ट गति से सर्विस उपलब्ध हो सके आ एह संसाधन भा सर्विस सभ के भरपूर इस्तेमाल हो सके।[नोट 1]