साँस के बेमारी, छुआछूत से फइले वाली जेकर कारन सार्स कोरोनावायरस 2 बाटे From Wikipedia, the free encyclopedia
कोविड-19 अंग्रेजी में कोरोनावायरस डिसीज 2019 के छोट रूप हवे। ई बेमारी वायरस के इन्फेक्शन से होखे वाली बेमारी बाटे जे सार्स कोव 2 वायरस के चलते हो रहल बा। एह बेमारी के सुरुआत चीन से 2019 में भइल आ हाल में ई 2019–20 कोरोना वाइरस प्रकोप के रूप ले चुकल बाटे। एकरे आम लच्छन सभ में बोखार, खोंखी (खाँसी), आ साँस लेवे में तकलीफ सामिल बाटे जबकि देह दर्द आ नाक बहल अउरी गला के दरद कम पावल जाए वाला लच्छन बाड़ें।[3][4] जादेतर केस सभ में ई लच्छन बहुत जोरदार ना मिलत बाड़ें,[5] कुछे दसा में ई लच्छन निमोनिया तक चहुँपत बाड़ें या फिर कौनों अंग या अंग सभ के फेल होखे तक के नौबत आवत बा।[6][7] चिन्हित केस सभ के तुलना में मौत होखे के एस्टीमेट 1% से 5% बाटे हालाँकि ई उमिर आ पहले से सेहत के स्थिति अनुसार बदल सके ला।[8][9]
कोरोनावायरस बेमारी 2019 (कोविड-19) | |
---|---|
दूसर नाँव |
|
SARS-CoV-2 वायरस के माइक्रोस्कोप से लिहल तस्वीर। | |
उच्चारण | |
मेडिकल ब्रांच | साँस के सिस्टम के एक्यूट इन्फेक्शन[2] |
लच्छन | बोखार, खोंखी, साँस लेवे में तकलीफ[3] |
रोग बिगड़ले पर | वायरल निमोनिया, किडनी फेल |
कारन | SARS-CoV-2 |
जाँच के तरीका | rRT-PCR टेस्टिंग, इम्यूनॉसी, सीटी स्कैन |
रोकथाम | हाथ धोवल, खांसी से बचाव, बेमार लोगन से दूरी राखल |
इलाज | लच्छन अनुसार आ शरीर के मजबूती देवे वाला इलाज |
इन्फेक्शन के एक ब्यक्ति से दुसरे ब्यक्ति ले पहुँचे के खाँसी आ छींक के दौरान निकले वाला महीन बुनकी सभ बा।[10][11] वायरस के शरीर में प्रवेश आ बेमारी के लच्छन जाहिर होखल सुरू होखे के बीचा में 2 से 14 दिन के समय लागत बा जबकि औसतन ई समय 5 दिन के बाटे।[12][13] एकरे जाँच के स्टैंडर्ड तरीका रिवर्स ट्रान्सक्रिप्शन पॉलिमेरसे चेन रिएक्शन (rRT-PCR) बाटे जेह में नाक चाहे गला में से पानी या कफ के परीक्षण होला। खून के सीरम के नमूना ले के ओहमें एंटीबाडी सभ के गिनती भी एकरे जाँच आ पहिचान खाती इस्तेमाल हो सके ला।[14] लच्छन सभके पहिचान, रिस्क फैक्टर आ छाती के सीटी स्कैन भी एकरे जाँच में सामिल बा अगर निमोनिया के शंका होखे।[15][16]
एह बेमारी से बचाव के तरीका में उचित तरीका से हाथ धो के साफ रखल, दुसरे लोगन से दूरी बना के रहल आ बिना हाथ धोवले आपन चेहरा न छुवे के बतावल गइल बा। [17] मास्क के इस्तेमाल ओह लोगन के सुझावल गइल बा जेकरा ई महसूस होखे कि ओकरा ई वायरस लाग चुकल बाटे चाहे अइसन ब्यक्ति के इलाज आ परिचार करे वाला लोग के ई सलाह दिहल गइल बा बाकी आम जनता के मास्क के सलाह नइखे दिहल गइल।[18][19] अभिन ले एकरे खातिर कौनों टीका (वैक्सीन) के खोज नइखे भइल आ COVID-19 खाती बिसेस रूप से कौनों दवाई आ इलाज नइखे खोजल जा सकल; लच्छन सभ के इलाज, शरीर के मजबूती देवे वाला इलाज आ कुछ एक्सपेरिमेंटल तरीका इस्तेमाल हो रहल बाड़ें।[20]
बिस्व स्वास्थ संगठन (WHO) एह 2019–20 कोरोनावायरस प्रकोप के महामारी[21] आ इंटरनेशनल चिंता के पब्लिक सेहत इमरजेंसी (PHEIC) घोषित क दिहले बाटे।[22][23] कई देस सभ में बेमारी के लोकल फइलाव के परमान मिलल बाड़ें जेह में डब्लूएचओ के छहो क्षेत्र सभ के देस सामिल बाड़ें।[24]
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.