कोपेन के जलवायु वर्गीकरण
जलवायु बर्गीकरण के सिस्टम / From Wikipedia, the free encyclopedia
कोपेन के जलवायु बर्गीकरण, जलवायु के अलग-अलग प्रकार में बाँटे के एगो तरीका हवे जेवना में पूरा बिस्व के अलग-अलग तरह के जलवायु के उन्हन के बिसेसता के अधार प बाँटल गइल बाटे। ई जलवायु बर्गीकरण दुनिया के सभसे चलनसार बर्गीकरण बा, आ रूसी मूल के जर्मन बिद्वान व्लादीमिर कोपेन (Wladimir Köppen) द्वारा पहिली बेर साल 1884 में दिहल गइल।
Am
Aw/As |
BWh
BWk
BSh
BSk |
Csa
Csb
Csc |
Cwb
Cwc |
Cfb
Cfc |
Dsa
Dsb
Dsc
Dsd |
Dwa
Dwb
Dwc
Dwd |
Dfa
Dfb
Dfc
Dfd |
ET
EF |
कोपेन के जलवायु वर्गीकरण में जिनेवा यूनिवर्सिटी में नैचुरल हिस्ट्री के प्रोफ़ेसर अलफोंस दी कांडोल के बनस्पति प्रकार के बर्गीकरण के आधार बनावल गइल रहे,[2] बाद में 1918 आ 1936 में कोपेन एह में खुदे कई गो संसोधन कइलें। अउरी बाद में चल के (1954, 1961 में) जर्मन मौसमबिग्यानी रुडॉल्फ गीगर, कोपेन के साथ मिल के एह में अउरी संसोधन कइलें आ वर्तमान बर्गीकरण के एही से कोपेन-गीगर जलवायु बर्गीकरण भी कहल जाला।
एह बर्गीकरण में बिस्व के पाँच गो बृहद जलवायु समूह में, आ आगे जा के इनहन के उपबिभाग कइ के, कुल 30 जलवायु प्रकार में बाँटल गइल बा।