From Wikipedia, the free encyclopedia
कॉमन सेंस (अंग्रेजी: Common Sense)[1] थॉमस पेन के 1775-76 में लिखल एगो पम्फलेट रहे। ई पम्फलेट तेरह उपनिवेश सभ में रहे वाला लोग के ब्रिटेन के शासन से आजादी खातिर लड़े के आ अपने स्वतंत्रता के घोषणा करे खातिर प्रेरणा दिहलस। तुरंत जरूरी आजादी खाती तर्क आ आजादी के लाभ के बहुत आसान भासा में बतावे वाली ई पम्फलेट पहिली बे अनाम रूप से 10 जनवरी 1776 के छपल। छपते-छपत ई एगो परसिद्ध चीज बन गइल आ बहुत बिकाइल आ आम एकट्ठा होखे के जगहन पर लोग एकरा के पढ़ के सुनल-सुनावल।
लेखक | थॉमस पेन |
---|---|
देस | यूनाइटेड स्टेट्स |
भाषा | अंग्रेजी |
छपल | 10 जनवरी 1776 |
पन्ना | 48 |
वाशिंगटन अपने सेना के सगरी लोग के ई पम्फलेट पढ़ववलें, जेवन सेना ओह समय बोस्टन में ब्रिटिश सेना के घेरे में लागल रहे। अगर ओह समय के उपनिवेशवन के जनसंख्या (25 लाख) के हिसाब से देखल जाय त ई पम्फलेट अमेरिका के इतिहास में सभसे ढेर बिकाए आ सर्कुलेट होखे वालो किताब कहल जाई।[2] साल 2006 ले भी ई पम्फ्लेट अमेरिका में आल टाइम बेस्ट सेलर में गिनल जात रहल।[3]
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.