कैरीबा झील
From Wikipedia, the free encyclopedia
कैरीबा झील (अंग्रेजी: Lake Kariba) अफिरका महादीप में जिम्बाब्वे आ जांबिया देसन के सीमा पर एगो बिसाल झील बा। जेंबेजी नदी पर कैरीबा बान्ह बनावे के बाद एकरा पाछे एकट्ठा भइल पानी से बनल ई झील असल में प्राकृतिक झील ना बलुक एगो रिजर्वायर हवे। झील के कुल सतही रकबा 5,580 वर्ग किलोमीटर (2,150 वर्ग मील) बाटे आ एकर पानी धारण करे के क्षमता 185 किलोघन मीटर (44 घन मील) बाटे। एह तरीका से ई दुनियाँ के सभसे बड़ बनावटी झील हवे। बंधा के बनावे के बाद एह झील में 1958 से 1963 के बीचा में पानी भरल आ एकरे जगह पर मौजूद कैरीबा गॉर्ज एह पानी में बूड़ गइल।
Quick Facts Lake Kariba, निर्देशांक ...
Lake Kariba | |
---|---|
निर्देशांक | 16°55′S 28°00′E |
झील प्रकार | पनबिजली रिजर्वायर |
आगम | जेम्बेजी नदी |
निकास | जेम्बेजी नदी |
थाला | 663,000 किमी2 (7.14×1012 वर्ग फु) |
थाला के देस | जिम्बाब्वे, जांबिया |
अधिकतम लंबाई | 223 किमी (139 मील) |
अधिकतम चौड़ाई | 40 किमी (25 मील) |
सतह क्षेत्र | 5,580 किमी2 (6.01×1010 वर्ग फु) |
औसत गहिराई | 29 मी (95 फीट) |
अधिकतम गहिराई | 97 मी (318 फीट) |
आयतन | 180 किलोघन मीटर (43 घन मील) |
सतह ऊँचाई | 479 मीटर (1,572 फीट) |
दीप | Chete Island Sekula Island Chikanka. |
Close
सभसे नगीचे के कस्बा जिम्बाब्वे में बा आ एहू के नाँव कैरीबा हवे। ई कस्बा बंधा के बनावत समय काम करे वाला लोगन खातिर बसावल गइल रहल।