![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/3/38/Kesariya-0.jpg/640px-Kesariya-0.jpg&w=640&q=50)
केसरिया स्तूप
बिहार के पूर्बी चंपारन जिला में एगो बौद्ध स्तूप / From Wikipedia, the free encyclopedia
अउरी अरथ सभ खातिर, केसरिया देखल जाय।
केसरिया स्तूप, भारत के बिहार राज्य में, पूर्बी चंपारन जिला में केसरिया नाँम के जगह पर एगो बौद्ध स्तूप बा। जेकरा के देवला भी कहल जाला।[1] मानल जाला कि अपना अंतिम समय में कुशीनगर जात समय गौतम बुद्ध इहाँ रुकल रहलें आ एहिजे आपन भिक्षा पात्र दान क दिहले रहलें। बाद में इहाँ ई स्तूप बनवावल गइल।
Quick Facts केसरिया स्तूप, बेसिक जानकारी ...
केसरिया स्तूप | |
---|---|
![]() केसरिया स्तूप | |
बेसिक जानकारी | |
लोकेशन | ![]() |
अक्षांस-देशांतर | 26.334140°N 84.854762°E / 26.334140; 84.854762 |
धर्म/मत | बौद्ध धर्म |
मुयुनिसिपैलिटी | केसरिया |
District | पूर्बी चंपारन जिला |
राज्य | बिहार |
देस | भारत |
स्टेटस | खुलल |
ऊँचाई (अधिकाधिक) | 104ft |
Close
ई स्तूप लगभग 1,400 फीट (430 मी) के घेरा वाला आ 104 फीट (32 मी) ऊँच बा आ एह तरीका से ई जावा के बोरोबुदुर स्तूप से एक फुट बेसी ऊँच बा जेकरा के सभसे ऊँच बौद्ध स्तूप मानल जाला।[2]
ई स्तूप, जिला के सूचना वेबसाइट अनुसार, बिहार के राजधानी पटना से करीब 160 किमी पच्छिम में आ जिला के मुख्यालय मोतिहारी से लगभग 35 किमी दक्खिन-पच्छिम में बा।[3] बिद्वान लोग के हवाला से ई बतावल गइल बा कि एह स्तूप के निर्माण लिच्छवि बंस के राजा लोग द्वारा करवावल गइल रहल।[4]