काल्डेरा
ज्वालामुखी के मुहाना पर बनल गड़हा नियर थलरूप / From Wikipedia, the free encyclopedia
काल्डेरा (अंग्रेजी: caldera) एक ठो थलरूप बाटे जवन ज्वालामुखी शंकु के मुहाना पर मौजूद ज्वालामुखी क्रेटर के धँसक के एक ठो बिसाल गड़हा के रूप ले लिहले से बनेला। ई गड़हा कड़ाही नियर आकृति के होला आ अक्सर इनहन में पानी भर जाला आ तब ओह झील के क्रेटर झील (चाहे काल्डेरा झील) कहल जाला। अमेरिका के ओरेगन राज्य में मौजूद क्रेटर लेक एकठो अइसन सुघर उधाहरण बाटे।