काकोलत झरना
From Wikipedia, the free encyclopedia
काकोलत भारतीय राज्य बिहार में, बिचला दक्खिनी हिस्सा में, नवादा के लगे एगो प्राकृतिक झरना बाटे आ एह इलाका के परसिद्ध पर्यटन अस्थान हवे। ई झारखंड के राजधानी राँची से लगभग 150 किलोमीटर के दूरी पर बा आ नवादा से 21 मील (34 किमी) के दूरी पर बाटे।[1]
Quick Facts काकोलत, Location ...
काकोलत | |
---|---|
Location | नवादा जिला, बिहार |
Coordinates | 24°41′59″N 85°37′42″E |
Type | कैटरेक्ट, सेगमेंटेड |
Elevation | 160 फीट (50 मी) |
Total height | 150 फीट |
Number of drops | 1 |
Longest drop | 163 feet |
Close
झरना एही नाँव के काकोलत पहाड़ी से उतरे वाली एगो नदी पर बने ला आ लगभग 150 फीट ऊँच धारा गिरे ले जे नीचे बनल प्राकृतिक झरना कुंड (प्लंज पूल) में पानी छोड़े ले। बैसाख के महीना में इहाँ मेला लागे ला आ लोग एह कुंड में नहान करे ला। कथा के अनुसार मान्यता हवे कि पांडव लोग अपना निर्वासन के दौरान इहाँ नहान करे आइल रहल।