![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/c/c7/Kangana_Ranaut_promoting_Rangoon.jpg/640px-Kangana_Ranaut_promoting_Rangoon.jpg&w=640&q=50)
कंगना राणावत
भारतीय अभिनेत्री / From Wikipedia, the free encyclopedia
कंगना राणावत (जनम 23 मार्च 1987) एगो भारतीय ऐक्ट्रेस बाड़ी। ई हिंदी सिनेमा में काम करे लीं आ देस के सभसे ढेर महँग फीस लेवे वाली ऐक्ट्रेस लोग में से एक बाड़ी। इनका के कई गो अवार्ड आ पुरस्कार मिल चुकल बाड़ें हे में तीन गो नेशनल फिलिम अवार्ड आ चार गो फिल्मफेयर अवार्ड सामिल बाड़ें। फ़ोर्ब्स इंडिया के सेलिब्रिटी 100 लिस्ट में ई चार बेर सामिल रह चुकल बाड़ी।
कंगना राणावत | |
---|---|
![]() फिलिम रंगून के प्रोमो में 2017 में राणावत | |
Born | (1987-03-23) 23 मार्च 1987 (उमिर 37) भांबाला, हिमाचल प्रदेश, भारत |
Other names | Kangna Ranaut |
Occupation | Actress |
Years active | 2006–वर्तमान |
Website | officialkanganaranaut |
हिमाचल प्रदेश के मंडी जिला के भंबाला गाँव में पैदा भइल राणावत अपना परिवार के लोग के इच्छा अनुसार डाक्टरनी बनल चाहत रहली। आपन खुद के करियर बीछे आ बनावे खाती ई सोरह बरिस के उमिर में दिल्ली आ गइली। कुछ समय खाती मॉडल के काम कइली आ एकरे बाद थियेटर डाइरेक्टर अरविंद गौर के इहाँ ट्रेनिंग करे के बाद राणावत आपन फिलिमी कैरियर के सुरुआत 2006 के थ्रिलर फिलिम गैंग्स्टर से कइली, एह रोल खाती इनके फिल्मफेयर के बेस्ट डेब्यू ऐक्ट्रेस के अवार्ड मिलल। राणावत के कई सारा फिलिम सब में बहुत भावनात्मक रोल करे खाती बहुत तारीफ मिलल बा जेह में वो लम्हे (2006), लाइफ इन अ... मेट्रो (2007) आ फैशन (2008) नियर फिलिम शामिल बाड़ी। फैशन में इनके काम खातिर इनके बेस्ट सपोर्टिंग ऐक्ट्रेस के अवार्ड मिलल।