ओपेनहाइमर (फिलिम)
2023 में आइल क्रिस्टोफर नोलन के डाइरेक्ट कइल फिलिम / From Wikipedia, the free encyclopedia
ओपेनहाइमर (अंग्रेजी: Oppenheimer; ओपनहाइमर) 2023 में आइल एगो जीवनी (बायोपिक) थ्रिलर फिलिम बा। क्रिस्टोफर नोलन एकर लेखक आ डाइरेक्टर बाड़ें। किया बर्ड आ मार्टिन शेरविन के लिखल जीवनी अमेरिकन प्रोमेथस (2005) पर आधारित एह फिलिम में अमेरिकी सैद्धांतिक भौतिकीविद रॉबर्ट जे. ओपनहाइमर के जिनगी देखावल गइल बा, जिनकर प्रमुख भूमिका पहिला परमाणु हथियारन के बिकास करे में रहल — जे मैनहटन प्रोग्राम के नाँव से जानल गइल आ जेकरा से परमाणु जुग के सुरुआत भइल। फिलिम में किलियन मर्फी मुख्य रोल में बाड़ें आ एमिली ब्लंट उनुकर मेहरारू कैथरीन ओपनहाइमर के रोल कइले बाड़ी। मैनहटन प्रोग्राम के डाइरेक्टर जनरल लेस्ली ग्रूव्ज के रोल मैट डेमन द्वारा कइल गइल बा। फिलिम के अउरी मुख्य कलाकार लोगन में रॉबर्ट डाउनी जूनि., फ्लोरेंस पुघ, जोश हार्नेट, केसी अफ्लेक, रामी मलेक आ केनेथ ब्रनाघ शामिल बा लोग।
ओपेनहाइमर | |
---|---|
डाइरेक्टर | क्रिस्टोफर नोलन |
प्रोड्यूसर |
|
स्क्रीनप्ले | क्रिस्टोफर नोलन |
आधार | अमेरिकन प्रोमेथस by
|
कलाकार |
|
डिस्ट्रीब्यूटर | यूनिवर्सल पिक्चर्स |
रिलीज के तारीख |
|
लंबाई (समय) | 180 मिनट[1] |
देस |
|
भाषा | अंग्रेजी |
बजट | $100 मिलियन[2] |
बॉक्स ऑफिस | $231.1 मिलियन[3][4] |
फिलिम के प्रीमियर पेरिस के ]]ले ग्राँ रेक्स]] में 11 जुलाई 2023 के भइल आ यूनिवर्सल पिक्चर्स द्वारा 21 जुलाई 2023 के एकरा के अमेरिका आ यूके के बीछल थियेटर सभ में रिलीज कइल गइल। फिलिम के रिलीज के बाद समालोचक लोग के तारीफ हासिल भइल।