From Wikipedia, the free encyclopedia
ऑरेलिया ऑरिता (अंग्रेजी: Aurelia aurita) जेकरा के आम जेलीफिश, मून जेलीफिश या तश्तरी जेलीफिश भी कहल जाला) ऑरेलिया बंस के जेलीमछरी हवे।[1] एह बंस के सगरी प्रजाति सभ आपस में बहुत कम अंतर लिहले होखे लीं, ऑरेलिया मेड्यूसा से अंतर त बिना जीन के नमूना लिहले बतावलो ना जा सके ला। लगभग सगरी प्रजातिन के ज्यादातर लच्छन एक्के नियर होलें।
ई जेलीफिश अँजोरदार होखे ले आ एकर साइज लगभग 25–40 सेमी (10–16 इंच) ब्यास वाला होला, घोड़ा के नाल के आकृति के चार गो गोनाड एकर पहिचान हैवन। अपना कई ठो टेंटेकल (पोंछ नियर हाथ) से प्लैंकटन आ छोटहन घोंघा सभ के पकड़ के अपना शरीर में पचावे खातिर ले आवे ले, एह तरे ई आपन खाना खाले। पँवरत समय भी ई अपने से बहुत कम गति कर पावे ले, धार के संघे बहे ले।
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.