![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/9/90/54345main_ic1396_highres.jpg/640px-54345main_ic1396_highres.jpg&w=640&q=50)
एलिफैंट्स ट्रंक नेबुला
सीफियस तारामंडल में एगो नेबुला / From Wikipedia, the free encyclopedia
एलिफैंट्स ट्रंक नेबुला (अंग्रेजी: Elephant's Trunk Nebula; अरथ: हाथी के सूँढ़ नेबुला) पृथ्वी से लगभग 2,400 प्रकाश साल दूर सेफियस नक्षत्रमंडल में स्थित बहुत बड़ आयनित गैस क्षेत्र आइसी 1396 के भीतर इंटरस्टेलर गैस आ धूल के एकट्ठा समूह हवे।[1] इहाँ देखावल गइल नेबुला के टुकड़ा गहिरा, घन गोलाकार आइसी 1396ए हवे; आमतौर पर एकरा के एलिफैंट्स ट्रंक नेबुला कहल जाला काहें से कि ई लउके वाला प्रकाश तरंग दैर्ध्य पर लउके ला, जहाँ एगो गहिराह पैच होला जेकर रिम चमकदार, घुमावदार होला। चमकदार रिम घन बादर के सतह हवे जेकरा के बहुत चमकदार, बिसाल तारा (HD 206267) द्वारा रोशन आ आयनित कइल जा रहल बा जे आइसी 1396A के ठीक पूरब में बा। (देखावल गइल स्पिट्जर स्पेस टेलीस्कोप के दृश्य में ई बिसाल तारा फोटो के किनारे के ठीक बाईं ओर बा। ) पूरा आइसी 1396 क्षेत्र के आयनीकरण एह बिसाल तारा से होला, सिवाय घन गोलाकार बॉडी सभ के जे तारा के कठोर पराबैंगनी किरण से खुद के बचा सके लें।
एमिस्सन नेबुला | |
---|---|
![]() स्पिट्जर टेलिस्कोप से लिहल गइल तस्वीर | |
बेध आँकड़ा | |
दूरी | 2,400 ly |
नक्षत्रमंडल | सीफियस (Cepheus) |
इहो देखल जाय: नेबुला सभ के लिस्ट |
एलिफैंट्स ट्रंक नेबुला के अब तारा के निर्माण के जगह मानल जाला, एह में कई गो बहुत छोट (100,000 साल से कम उमिर के) तारा बाड़ें जिनहन के खोज 2003 में इन्फ्रारेड इमेज में भइल। दू गो पुरान (लेकिन अबहिन छोट, एक दू लाख साल के, तारा सभ के मानक के हिसाब से, जे अरबों साल ले जिए लें) तारा सभ ग्लोबुल के सिर में एगो छोट, गोलाकार गुहा में मौजूद बाड़ें। एह युवा तारा सभ के हवा से हो सके ला कि गुहा खाली हो गइल होखे।
बादर के रिम के आयनित आ संकुचित करे वाला बिसाल तारा से आवे वाला रोशनी के मिल के क्रिया आ केंद्र से बाहर के ओर गैस के शिफ्ट करे वाली युवा तारा सभ के हवा के मिल के एलिफैंट्स ट्रंक नेबुला में बहुत ढेर मात्रा में संपीडन (कंप्रेसन) पैदा करे ला। एह दबाव से प्रोटोस्टार के वर्तमान पीढ़ी के शुरुआत हो रहल बा।[2][3]