From Wikipedia, the free encyclopedia
एयर चाइना लिमिटेड, पीपुल्स रिपब्लिक ऑफ चाइना क ध्वजवाहक और एकर कईगो प्रमुख एयरलाइंस में से एगो ह, जेकर मुख्यालय बीजिंग में शुनाय जिला ह। एयर चाइना क उड़ान संचालन केंद्र बीजिंग कैपिटल इंटरनेशनल एयरपोर्ट पर आइल बा।[1] सन 2015 में, इ एयरलाइन 90 मिलियन घरेलू और अंतरराष्ट्रीय यात्रिन के 80% के औसत लोड फैक्टर के साथ गंतव्य प पहुँचवलस।[2]
एयर चाइना क स्थापना और संचालन क शुरुआत 1 जुलाई 1988 के 1987 में चीनी सरकार की एगो फैसला की परिणामस्वरूप भइल रहे जवने की अनुसार चीन क नागरिक विमानन प्रशासन (सीएएसी) की सब ऑपरेटिंग डिवीजन क निम्नलिखित छौगो अलग-अलग एयरलाइंस में विभाजन करा गइल रहे: एयर चाइना, चाइना ईस्टर्न, चाइना साउथर्न, चाइना नॉर्थन, चाइना साउथ वेस्ट, और चाइना नॉर्थवेस्ट। एयर चाइना के इंटरकॉन्टिनेंटल फ्लाइट्स क मुख्य जिम्मेदारी दिहल गइल और सीएएसी क लंबी दूरी वाला विमान (बोइंग 747 एस, 767 एस और 707 एस) और दूर क मार्गन के अधिग्रहित क लिहलस।[3][4]
जनवरी 2001 में, पूर्व सीएएसी क दसगो एयरलाइंस विलय योजना खातिर सहमत भईन स, जेकरी अनुसार एयर चाइना के चीन साउथवेस्ट एयरलाइंस क अधिग्रहण करे के रहे। अधिग्रहण से पहिले, एयर चाइना देश क चौथा सबसे बड़ा घरेलू एयरलाइन रहे और ए विलय से 118 विमानन क एगो बेड़ा की साथ 56 अरब युआन (USD $ 8.63 बिलियन) क संपत्ति क एगो समूह बनल। अक्टूबर 2002 में, एयर चाइना चीन की राष्ट्रीय विमानन होल्डिंग और चीन साउथवेस्ट एयरलाइंस की साथ समेकित हो गइल।
15 दिसंबर 2004 के, एयर चाइना के हांगकांग और लंदन स्टॉक एक्सचेंज प सफलतापूर्वक सूचीबद्ध कईल गइल। 2006 में, एयर चाइना स्टार अलायंस में शामिल होखे खातिर एगो समझौता प हस्ताक्षर कईलस और इ 12 दिसंबर, 2007 के शंघाई एयरलाइंस की साथ गठबंधन क सदस्य बन गइल।
जुलाई 2009 में, एयर चाइना अपनी परेशानी से घिरल सहायक एयर मकाऊ से 19.3 मिलियन अंश क अधिग्रहण कईलस, जेसे ए कैरियर में एकर हिस्सेदारी 51% से बढ़कर 80.9% हो गइल। एक महीना बाद, एयर चाइना हांगकांग में आपन उपस्थिति क विस्तार कइले की इरादा से, कैथै प्रशांत में आपन हिस्सेदारी 17.5% से बढ़ाकर 30% तक करे खातिर 6.3 अरब डॉलर (यूएस $ 813 मिलियन) खर्च कईलस।
अप्रैल 2010 में, एयर चाइना शेन्ज़ेन एयरलाइंस में शेयरहोल्डिंग क वृद्धि पूरा कके शेन्ज़ेन एयरलाइंस क कंट्रोलिंग शेयरधारक बन गइल और एकरी चलते एयर चाइना बीजिंग, चेंगदू, और शंघाई में आपन स्थिति मजबूत कईलस और आपन घरेलू नेटवर्क में और संतुलन हासिल कईलस।[5]
2 दिसंबर 2010 के, एयर चाइना स्पेन क सर्वोच्च पर्यटन उद्योग पुरस्कार प्राप्त कईलस, और इ पुरस्कार प्राप्त करे वाला एयर चाइना पहिला विदेशी एयरलाइन बनल, आमतौर प इ पुरस्कार खाली एइसन संगठन और व्यक्ति लोगन के दिहल जा जवन की स्पेनिश पर्यटन उद्योग में कौनों तरह क योगदान दें स।
23 दिसंबर 2010 के, एयर चाइना ओ संयुक्त टिकटन क पेशकश करे वाली पहिला चीनी एयरलाइन बन गइल, जेमें पास की शहरन में घरेलू उड़ान और शटल बस सेवा शामिल रहे।[6]
एयर चाइना 15 नवंबर, 2011 के अपनी विमानन में वाई-फाई इंटरनेट सेवा दिहल शुरू क दिहलस, जेसे इ ए तरह क सेवा क पेशकश करे वाली पहिला चीनी वाहक बन गइल।
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.