ऊटी
तमिलनाडु में एगो कस्बा आ हिल स्टेशन / From Wikipedia, the free encyclopedia
उदगमंडलम् चाहे ऊटी (अंग्रेजी: Ooty) तमिलनाडु में एगो कस्बा आ म्युनिस्पैलिटी बा आ ई एगो परसिद्ध हिल इस्टेशन ह। ई नीलगिरि जिला के मुख्यालय भी बा। नीलगिरी के पहाड़ी पर 2,240 मीटर (7,350 फीट) के ऊँचाई पर मौजूद ई जगह एगो परसिद्ध पहाड़ी पर्यटन स्थल बा। कोयंबटूर से 86 किमी उत्तर आ मैसूर से 158 किमी दक्खिन में मौजूद ई कस्बा नीलगिरि घाट सड़क आ नीलगिरि माउंटेन रेलवे से जुड़ल बाटे आ गर्मी के सीजन खातिर एगो पापुलर पर्यटन केंद्र हवे। 2011 में एह कस्बा के कुल आबादी 88,430 रहल।
ऊटी
ऊटकमंड, उदगमंडलम् | |
---|---|
Nickname: हिल स्टेशन सभ के रानी | |
Coordinates: 11.41°N 76.70°E / 11.41; 76.70 | |
देस | भारत |
राज्य | तमिल नाडु |
जिला | नीलगिरी जिला |
Elevation | 2,240 m (7,350 ft) |
Population (2011)[2] | |
• Total | 88,430 |
भाषा | |
Time zone | UTC+5:30 (IST) |
पिनकोड | 643 001 |
टेलीफोन | 91423 |
Vehicle registration | TN 43 |
मूल रूप से ई एरिया टोडा लोग के रहल जे अठारहवीं सदी के अंत के समय में ईस्ट इंडिया कंपनी के कब्जा में आइल। एहिजे के अर्थब्यवस्था पर्यटन आ खेती-किसानी पर टिकल बाटे, एकरे साथे-साथ कुछ किसिम के दवाई आ फोटोग्राफिक फिल्म (रील) के मैनुफैक्चरिंग एहिजे होखे ला; कई ठो फिलिम सभ के शूटिंग के लोकेशन के रूप में भी एह जगह के बीछल जा चुकल बा। एकरा के पॉपुलर नाँव "क्वीन ऑफ़ हिल स्टेशंस" (हिल स्टेशन सभ के रानी) आ "क्वीन ऑफ़ वेस्टर्न घाट्स" (पच्छिमी घाट के रानी) से बोलावल जाला। ई मद्रास प्रेसिडेंसी के गर्मी के सीजन के राजधानियो रहल।