इलाहाबाद के पर्यटक आकर्षण सभ के लिस्ट
विकिमीडिया लिस्ट लेख / From Wikipedia, the free encyclopedia
इलाहाबाद भारतीय राज्य उत्तर प्रदेश में गंगा आ यमुना के संगम पर मौजूद इतिहासी, धार्मिक आ सांस्कृतिक रूप से एक ठो महत्वपूर्ण शहर बाटे जहाँ पर्यटक लोग काफ़ी संख्या में आवे ला। मुख्य आकर्षण गंगा आ यमुना के मिलन के जगह त्रिवेणी संगम बाटे जहाँ सालाना माघ मेला आ हर बारहवाँ बरिस कुंभ मेला के आयोजन होला। एकरे अलावा नेहरू-गाँधी परिवार के घर आनंद भवन देखे भी बहुत सारा लोग आवेला। अन्य इतिहासी, सांस्कृतिक महत्व के चीज सभ के लिस्ट नीचे दिहल जात बाटे: