इजराइल–हमास जुद्ध 2023
इजराइल आ फिलिस्तीनी आतंकवादी ग्रुप सभ के बीचा में गाजा पट्टी के लगे चालू हथियारबंद लड़ाई / From Wikipedia, the free encyclopedia
2023 के इजराइल–हमास जुद्ध आजकाल्ह चल रहल एगो जुद्ध बाटे जेह में इजराएल आ हमास के अगुआई में फिलिस्तीनी आतंकवादी ग्रुप शामिल बाड़ें। ई लड़ाई 7 अक्टूबर 2023 के शुरू भइल जब आतंकवादी लोग गाजा पट्टी से इजरायल पर हमला कइ दिहल। एह हमला के इजरायली जवाबी हमला से सामना भइल आ अगिला दिने इजरायल औपचारिक रूप से हमास के खिलाफ जुद्ध के घोषणा कइलस। ई लड़ाई दशकन से चलल आ रहल अरब-इजराइल संघर्ष के हिस्सा हवे, आ खासतौर पर गाजा-इजराइल संघर्ष के हिस्सा हवे।
ई लेख एक ठो बहुत हाल के घटना के बर्णन करत बाटे। घटना के प्रगति के अनुसार जानकारी में तेजी से बदलाव संभव बाटे, आ सुरुआती समाचार रपट बहुत बिस्वास जोग नाहिंयो हो सके लीं। हो सके ला कि एह लेख के अंतिम अपडेट सभसे नया जानकारी ना बतावत होखे। (October 2023) |
2023 Israel–Hamas war | |||||
---|---|---|---|---|---|
Part of the Palestinian–Israeli conflict | |||||
Gaza Strip Evacuated areas Maximum extent of Palestinian advance Areas inside Gaza Strip ordered to be evacuated by Israel See here for a more comprehensive map. | |||||
| |||||
Casualties and losses | |||||
Gaza Strip:[नोट 1] Inside Israel (Israeli claim):[भरमाव – चर्चा करीं]
West Bank:[नोट 5] Lebanon:[नोट 6]
|
Israel: |
एह अचानक हमला के इजरायली जवाबी कार्रवाई से मुठभेड़ भइल आ एक दिन बाद इजरायल औपचारिक रूप से हमास के खिलाफ जुद्ध के घोषणा कइलस। हमास के सेना के प्रभावित इलाका सभ से खाली कइला के बाद इजरायल एकर जवाब में गाजा पट्टी पर हवाई हमला कइलस जेह में 14 अक्टूबर ले 2,215 से ढेर फिलिस्तीनी लोग के मौत हो चुकल बा। संयुक्त राष्ट्र के रिपोर्ट में कहल गइल बा कि लगभग 4,23,000 फिलिस्तीनी लोग, जे गाजा के आबादी के पाँचवाँ हिस्सा से बेसी बा, आंतरिक रूप से विस्थापित हो गइल बा। मानवीय संकट के आशंका तब अउरी बढ़ गइल जब इजरायल गाजा के खाना, पानी, बिजली आ ईंधन के आपूर्ति काट दिहलस, जहाँ मिस्र आ इजरायल दुनों द्वारा नाकाबंदी हो चुकल रहे आ 10 लाख गाजावासी लोग के बाहर निकाले के आदेश दिहल गइल। नागरिकन के व्यापक मौत भइल, आ हमास आ इजरायल दुनु पर युद्ध अपराध के बहुते आरोप लगावल गइल। अंतर्राष्ट्रीय स्तर पर कई जगहा विरोध प्रदर्शन भइल आ नफरत के अपराध बढ़ल।
हमला के सुरुआत भोरे-भोर इजरायल के खिलाफ कम से कम 3,000 रॉकेट सभ हमला से भइल आ इजराइल के इलाका में गाड़ी से ले जाइल जाए वाला घुसपैठ के साथ भइल। फिलिस्तीनी आतंकवादी गाजा-इजरायल के बैरीकेड के तहस-नहस क के सैन्य अड्डा पर हमला कइले आ पड़ोसी इजरायली समुदायन के नागरिकन के हत्या कइलें। कम से कम 1,300 इजरायली लोग मारल गइल जेह में 260 लोग उहो रहल जे संगीत महोत्सव में सामिल होखे एकट्ठा भइल रहल। निहत्था नागरिक बंधक आ कैद भइल इजरायली सैनिक लोग के भी गाजा पट्टी ले जाइल गइल जेह में मेहरारू आ नाबालिग लोग भी सामिल रहल। ई हमला हमास आ इजरायल के बीच संघर्ष के बीच भइल जे 2006 से चल रहल बा। हमास 2022 में आ 2023 के ज्यादातर समय में भी इजरायल के साथ बड़हन मुठभेड़ से बचल, आ एकरे बजाय, गुप्त रूप से अपना प्रमुख हमला, ऑपरेशन अल-अकसा फ्लड खातिर तइयारी करत रहल।