आलेत्च ग्लेशियर
स्विट्जरलैंड में एगो ग्लेशियर From Wikipedia, the free encyclopedia
स्विट्जरलैंड में एगो ग्लेशियर From Wikipedia, the free encyclopedia
आलेत्च ग्लेशियर (अंग्रेजी: Aletsch Glacier, जर्मन: Aletschgletscher) यूरोप में एगो पहाड़ी ग्लेशियर बा आ ई आल्प्स परबत श्रेणी के सभसे बड़ ग्लेशियर हवे। एह ग्लेशियर के लंबाई 23 किमी (14 मील) (2014) बा,[2] आ कुल आयतन (वाल्यूम) 15.4 किमी3 (5.4×1011 घन फुट) (2011) बा, जबकी एकर इलाकाई बिस्तार लगभग 81.7 किमी2 (879,000,000 वर्ग फीट) (2011) एरिया पर बाटे। ई बर्नीज आल्प्स में, स्विट्जरलैंड के वालाइस कैंटन में मौजूद बा।[1] आलेत्च ग्लेशियर चार गो छोटहन ग्लेशियर सभ के एकट्ठा होखे से बने ला जे कान्कर्डिया प्लेस नाँव के जगह पर मिले लें। एकरे बाद ई ग्लेशियर रोन (Rhône) घाटी के ओर बढ़े ला आ पघिले पर एकरे पानी से मासा (Massa) नदी के उदगम होखे ला। माशा नदी एगो सात किलोमीटर लमहर नदी हवे जे रोन नदी में मिल जाले। आलेत्च ग्लेशियर, दुनिया के बाकी ग्लेशियर सभ नियर, वर्तमान में रिट्रीट वाला स्थिति में बा मने कि लंबाई के बिस्तार के लवटानी हो रहल बा; एगो अध्ययन के मोताबिक 1980 के बाद से 2016 तक ले [update], एकरे लंबाई में 1.3 किलोमीटर (0.81 मील), आ 1870 से 3.2 किलोमीटर (2.0 मील) के कमी आ चुकल बा, साथे-साथ एकरे मोटाई के करीबन 300 मीटर (980 फीट) हिस्सा कम हो चुकल बाटे।[2]
Aletsch Glacier | |
---|---|
(Grosser) Aletschgletscher | |
प्रकार | Valley glacier |
लोकेशन | Valais, Switzerland |
निर्देशांक | 46°26′32″N 8°4′38″E |
रकबा | 81.7 किमी2 (879,000,000 वर्ग फीट) (2011)[1] |
लंबाई | 22.6 किमी (14.0 मील) (2014)[2] |
मोटाई | 940 m (Konkordiaplatz) |
सभसे ऊँच जगह | 4160 m |
सभसे निचाई के जगह | 1650 m |
अंतिम माथ | Massa |
इस्थिति | Retreating |
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.