आयोनियन सागर
भूमध्य सागर में एगो खाड़ी नियर सागर जे इटली, अल्बानिया आ ग्रीस के बीचा में बाटे, उत्तर में एड्रिया / From Wikipedia, the free encyclopedia
आयोनियन सागर (अंग्रेजी: Ionian Sea) भूमध्य सागर के हिस्सा हवे जे एगो खाड़ी (bay) नियर सागर हवे। एकरे पच्छिम में इटली के मुख्य प्रायदीप आ सिसिली टापू बाड़ें आ पूरुब में ग्रीस देस (यूनान) बा; उत्तर में ई एड्रियाटिक सागर से एगो पातर ओत्रांतो जलजोड़ से जुड़े ला। एह सागर में जादेतर मौजूद दीप सभ एकरे पूरबी हिस्सा में बाड़ें जे ग्रीस के हिस्सा हवें, इनहन में मुख्य समूह के आयोनियन दीपसमूह कहल जाला।
Quick Facts आयोनियन सागर, लोकेशन ...
आयोनियन सागर | |
---|---|
लोकेशन | दक्खिनी यूरोप |
निर्देशांक | 38°N 19°E |
प्रकार | सागर |
निकास | भूमध्य सागर |
थाला के देस | अल्बानिया, यूनान (ग्रीस), आ इटली |
Close
आयोनियन सागर में मौजूद कैलिप्सो गर्त भूमध्यसागर के सभसे गहिरी गर्त हवे जे हेलेनिक समुंद्री खाईं के हिस्सा हवे।
ई यूरोप के भूगोल या अस्थान से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |