आम के किसिम सभ के लिस्ट
From Wikipedia, the free encyclopedia
From Wikipedia, the free encyclopedia
दुनियाँ में आम के सैकड़न किसिम पावल जालीं जिनहन में अधिकतर आ सभसे आम पावल जाए वाली सब मैंगीफेरा इंडिका के किसिम हईं। दक्खिनी एशिया आ दक्खिन-पुरुब एशिया में मैंगीफेरा के अउरियो किसिम सभ पावल जालीं। नीचे आम के कुछ मुख्य-मुख्य किसिम सभ के लिस्ट दिहल जा रहल बाटे:
आम चलन के नाँव |
फोटो | मूल क्षेत्र |
टीका-टिप्पणी आ नोट |
---|---|---|---|
अलफांसो (हापुस) | भारत, पाकिस्तान | "आम के राजा" कहाला, खूब मीठ आ रेशेदार गुद्दा होला, महाराष्ट्र के कुछ जिलन में मुख्य रूप से उपराजल जाला। ई किसिम फरवरी से मई के अंत ले बजार में आवे ला; हालाँकि, समय जगह आ जलवायु के हिसाब से बदल सके ला। | |
आम्रपाली | भारत | दशहरी आ नीलम के संकर | |
चौसा | भारत, पाकिस्तान | ||
दसहरी (दशहरी) | भारत, नेपाल, पाकिस्तान | उत्तर प्रदेश के लखनऊ के लगे मलीहाबाद के दसहरी गाँव में एकर उत्पत्ती भइल। मूल फेड़ अभिन ले फरत बाटे आ एकर उमिर लगभग 200 से 300 बरिस मानल जाला। पूरा उत्तरी भारत में उपराजल जाला आ दक्खिन में आंध्र प्रदेश ले होखे ला। एक्सपोर्ट क्वालिटी के आम हवे आ बिदेसन ले भेजल जाला। | |
लंगड़ा (कपूरी) | भारत | बनारस से उपजल हवे आ "बनारसी लंगड़ा" कहाला। मजिगर गुद्दा आ ख़ास महक होला। मूल इलाका के अलावा पच्छिम में सहारनपुर ले आ बिहार में दरभंगा आ भागलपुर ले भरपूर होखे ला। |
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.