![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/5/59/Ana_de_Armas%252C_March_2018%252C_GQ_Mexico_04_cropped.jpg/640px-Ana_de_Armas%252C_March_2018%252C_GQ_Mexico_04_cropped.jpg&w=640&q=50)
आना दे आर्मास
क्यूबाई-अमेरिकी-स्पेनिश ऐक्ट्रेस (जनम 1988) / From Wikipedia, the free encyclopedia
आना सेलिजा दे आर्मास कासो (इस्पेनी: [ˈana ˈselja ðe ˈarmas ˈkaso]; जनम 30 अप्रैल 1988) जे परसिद्ध नाँव आना दे आर्मास (अंग्रेजी: Ana de Armas) से जानल जाली, एगो क्यूबाई आ स्पेनिश ऐक्ट्रेस बाड़ी। इनके कैरियर के सुरुआत क्यूबा में रोमांटिक ड्रामा उना रोसा दे फ्रांसिया (2006) में मुख्य भूमिका से भइल। 18 बरिस के उमिर में ऊ स्पेन के मैड्रिड चल गइली आ 2007 से 2010 ले छह सीजन ले पॉपुलर ड्रामा एल इंटरनाडो में एक्टिंग कइली।
आना दे आर्मास | |
---|---|
![]() 2018 में दे आर्मास | |
Born | आना सेलिजा दे आर्मास कासो (1988-04-30) 30 अप्रैल 1988 (उमिर 36) हवाना, क्यूबा |
Citizenship |
|
Occupation | ऐक्ट्रेस |
Years active | 2006–अबतक ले |
Spouses | Marc Clotet (बि. 2011; तला. 2013) |
लॉस एंजिल्स में जाए के बाद, मनोवैज्ञानिक थ्रिलर नॉक नॉक (2015) आ कॉमेडी-क्राइम फिलिम वार डॉग्स (2016) में दे आर्मास के अंग्रेजी भाषी भूमिका रहल। ऊ साइंस फिक्शन फिलिम ब्लेड रनर 2049 (2017) में होलोग्राफिक एआई प्रोजेक्शन जोई के भूमिका से पहिचान हासिल कइली। रहस्य फिलिम नाइव्स आउट (2019) में नर्स मार्टा काब्रेरा के रोल खातिर इनके बेस्ट ऐक्ट्रेस खातिर गोल्डन ग्लोब अवार्ड खातिर नामांकित कइल गइल। एकरे बाद ऊ जेम्स बांड फिलिम नो टाइम टू डाई (2021) में बॉन्ड गर्ल पालोमा आ बायोपिक ब्लॉन्ड (2022) में नोर्मा जीन के किरदार निभवली। बाद वाला खातिर, दे आर्मास के बेस्ट ऐक्ट्रेस खातिर अकादमी पुरस्कार खातिर नामांकन मिलल, ई अइसन उपलब्धी हासिल करे वाली ऊ पहिली क्यूबाई औरत बनली।