आटा
From Wikipedia, the free encyclopedia
आटा अनाज, फल या जड़ के महिन बुरादा (पाउडर) ह। अनाज, फल या जड़ के मील या जाँता या ओखर में पीस/कूट के आटा प्राप्त कईल जाला। आटा से रोटी आ विभिन्न प्रकार के व्यंजन (खाये वाली चीज) बनावल जाऽला। [1] अन्न के आटा से रोटी आ ब्रेड तैयार कईल जाऽला, जवन हमनी के रोज के खाना में शामिल बा। गेंहू के आटा ओशिनिया, यूरोप, दक्खिन अमेरिका, उत्तर अमेरिका, मध्य पूरुब, उत्तर भारत आ उत्तर अफ्रीका के संस्कृति में पावल जाऽला, जहां लोग अपन-अपन संस्कृति के हिसाब से रोटी आ पेस्ट्री (आटा से बनल मिठाई) बनावेला लोग।