आईपीएल
भारत में आयोजित होखे वाली प्रोफेशनल ट्वेंटी20 लीग / From Wikipedia, the free encyclopedia
इंडियन प्रीमियर लीग (अंग्रेजी: Indian Premier League) चाहे संछेप में आईपीएल (IPL) (जेकरा स्पांसरशिप के चलते टाटा आईपीएल (TATA IPL) के नाँव से भी जानल जाला) मरदाना लोगन के ट्वेंटी20 क्रिकेट लीग हवे जे भारत में सालाना आयोजित कइल जाला।[1] एह में सात गो शहर आ तीन गो राज्यन के कुल दस गो टीम हिस्सा लेलीं। लीग के अस्थापना बीसीसीआई द्वारा 2007 में कइल गइल। ई प्रतियोगिता मुख्य रूप से गरमी के सीजन में (मार्च से मई के बीचा में) आयोजित कइल जले आ आईसीसी फ्यूचर टूर्स प्रोग्राम में एकरा खातिर इस्पेशल विंडो होखे ला, मने की एह दौरान कौनों इंटरनेशनल क्रिकेट आयोजन ना कइल जाला।
Countries | भारत |
---|---|
Administrator | बीसीसीआई |
Headquarters | क्रिकेट सेंटर, मुंबई, महाराष्ट्र |
Format | टी20 |
First edition | 2008 |
Latest edition | 2022 |
Tournament format | राउंड रॉबिन आ प्लेऑफ |
Number of teams | 10 |
Current champion | गुजरात टाइटंस (1हिला टाइटिल) |
Most successful | मुंबई इंडियंस (5 टाइटिल) |
Most runs | विराट कोहली (6624) |
Most wickets | ड्वेन ब्रावो (183) |
2023 आईपीएल | |
Website | iplt20.com |
ई दुनियाँ के सभसे पॉपुलर क्रिकेट लीग हवे।[2] 2010 में ई पहिला खेल आयोजन बनल जेकर लाइव प्रसारण यूट्यूब पर भइल।[3][4] एकर अबले पनरह गो सीजन आयोजित हो चुकल बाड़ें। वर्तमान बिजेता गुजरात टाइटंस टीम बा जे 2022 के सीजन में पहिली बेर शामिल भइल रहल। 2023 में एकर सोरहवाँ सीजन आयोजित कइल जा रहल बाटे।