![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/a/a9/Ba%2560alat.jpg/640px-Ba%2560alat.jpg&w=640&q=50)
अब्जद
खाली व्यंजन सभ से बनल वर्णमाला / From Wikipedia, the free encyclopedia
अबजद भा अब्जद (अंग्रेजी: abjad; /ˈæbdʒæd/,[1] ऍबजॅद) लिखाई के अइसन सिस्टम होलें जिनहन में खाली व्यंजन सभ लिखल जालें आ पढ़े वाला स्वर ध्वनि के अंजाद खुद लगावे ला। ई अउरी दूसर वर्णमाला सभ से उल्टा इस्थिती बाटे काहें कि बाकी वर्णमाला सभ व्यंजन आ स्वर दुनों खातिर ग्राफीम उपलब्ध करावे लीं। ई शब्द 1990 में पीटर टी. डेनियल्स द्वारा पेश कइल गइल। एही कांसेप्ट खातिर अंग्रेजी में अउरियो शब्द सभ बाड़ें: पार्शियल फोनेमिक, सेगमेंटली लीनियर डिफेक्टिव फोनोग्राफिक स्क्रिप्ट, आ कान्सोनेंटल वगैरह।
![Thumb image](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/a/a9/Ba%60alat.jpg/320px-Ba%60alat.jpg)
अशुद्ध अबजद भी होखे लीं जिनहन में कुछ हद ले स्वर सभ के चीन्हा चाहे वैकल्पिक डायक्रिटिक होखे लन, या सीमित संख्या में अलग-अलग स्वर ग्लिफ होखे लें, या फिर दुनों होखे लें। अबजद नाँव अरबी वर्णमाला के पहिला (अपना मूल क्रम में) चार गो अक्षर सभ पर आधारित हवे।