अदम गोंडवी
भारतीय शायर / From Wikipedia, the free encyclopedia
अदम गोंडवी (जनम नाँव: राम नाथ सिंह; 22 अक्टूबर 1947 – 18 दिसंबर 2011) एगो भारतीय शायर रहलें। मुख्य रूप से गजल बिधा में आपन रचना कइलें आ अपना बिद्रोही तेवर खाती जानल जालें। उत्तर प्रदेश के गोंडा जिला के आटा परसूपुर गाँव में एगो गरीब परिवार में जनमल गोंडवी समाज के कमजोर आ बंचित लोग के अपना शायरी में अस्थान दिहलें आ राजनीति आ बेवस्था पर बहुत कटाक्ष कइलेन।