![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/0/0f/Royal_cortege_leaving_Rajagriha.jpg/640px-Royal_cortege_leaving_Rajagriha.jpg&w=640&q=50)
अजातशत्रु
From Wikipedia, the free encyclopedia
अजातशत्रु (शा॰ ल॰ 492 – c. 460 BCE) हर्यंक वंस में, मगध के एगो राजा रहलें। ई बिंबिसार के लइका रहलें आ उनके कैद में बंद क के जबरदस्ती राजगद्दी प बइठलें। ई महावीर आ गौतम बुद्ध के समकालीन रहलें आ इनके बाद इनके बेटा उदयिन गद्दी प बइठलें। अजातशत्रु लिच्छवी आ कोसाल सभ के हरा के ओखिनी के राज अपना मे मिलाई लिहले रहन।