अंतर्राष्ट्रीय महतारी भासा दिवस
From Wikipedia, the free encyclopedia
अंतर्राष्ट्रीय महतारी भासा दिवस एक ठो बिस्वब्यापी सालाना मनावल जाये वाला दिवस हवे जे हर साल 21 फरवरी के भाषाई जागरुकता, भाषाई बिबिधता आ बहुभाषावाद के बढ़ावा देवे खातिर मनावल जाला। पहिली बेर एकरा मनावे के घोषणा यूनेस्को द्वारा 17 नवंबर 1999 के भइल आ यूनाइटेड नेशंस द्वारा जनरल असेंबली में 2008, जे भाषा सभ के अंतर्राष्ट्रीय साल रहल, में प्रस्ताव पारित क के आधिकारिक मान्यता दिहल गइल।
Quick Facts अंतर्राष्ट्रीय महतारी भासा दिवस, ऑफिशियल नाँव ...
अंतर्राष्ट्रीय महतारी भासा दिवस | |
---|---|
ऑफिशियल नाँव | International Mother Language Day |
महत्त्व | "To promote the preservation and protection of all languages used by people of the world" |
समय | 21 फरवरी |
केतना बेर | सालाना |
Close
![Thumb image](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/2/22/International_Mother_Language_Day_in_CIS-A2K_TTT_2017.jpg/640px-International_Mother_Language_Day_in_CIS-A2K_TTT_2017.jpg)