हवा क्वालिटी इंडेक्स
हवा के प्रदूषण के माप / From Wikipedia, the free encyclopedia
हवा क्वालिटी इंडेक्स (अंग्रेजी: air quality index (AQI), हिंदी: वायु गुणवत्ता सूचकांक) के इस्तेमाल सरकारी एजेंसी सभ[1] द्वारा जनता के बतावे खातिर करे लीं कि हवा वर्तमान में केतना प्रदूषित बा या फिर केतना प्रदूषित होखे के अनुमान लगावल गइल बा।[2][3] एक्यूआई के जानकारी हवा के क्वालिटी सेंसर से औसतन रीडिंग से मिल जाला, जवन गाड़ी के यातायात, जंगल में आग लागे, या कवनो अइसन चीज के कारण बढ़ सके ला जेह से हवा प्रदूषण बढ़ सके ला। परीक्षण कइल गइल प्रदूषक में ओजोन, नाइट्रोजन डाइऑक्साइड, सल्फर डाइऑक्साइड, आ अउरी कई गो पदार्थ शामिल बाड़ें।
एक्यूआई बढ़ला पर जनस्वास्थ्य के जोखिम बढ़ जाला, खासतौर पर बच्चा, बुजुर्ग आ श्वसन भा हृदय संबंधी समस्या वाला ब्यक्ति सभ के प्रभावित करे ला। एह समय सभ में सरकारी निकाय सभ आमतौर पर लोग हर शारीरिक गतिविधि कम करे खातिर प्रोत्साहित करे लीं, या फिर बाहर जाए से भी बिल्कुल परहेज करे के सलाह देवे लीं। कपड़ा के मास्क जईसन फेस मास्क के इस्तेमाल के भी सलाह दिहल जा सकता।
अलग-अलग देस सभ के आपन हवा के गुणवत्ता के सूचकांक होला जे अलग-अलग राष्ट्रीय हवा के गुणवत्ता मानक सभ के अनुरूप होला। एह में से कुछ कनाडा के वायु गुणवत्ता स्वास्थ्य सूचकांक, मलेशिया के वायु प्रदूषण सूचकांक, आ सिंगापुर के प्रदूषक मानक सूचकांक बा।