स्वास्थ्य आ परिवार कल्याण मंत्रालय
भारत सरकार के एगो कैबिनेट मंत्रालय / From Wikipedia, the free encyclopedia
स्वास्थ्य आ परिवार कल्याण मंत्रालय भारत सरकार के मंत्रालय बा जवन भारत में स्वास्थ्य नीति आ परिवार नियोजन से संबंधित सगरो सरकारी कार्यकाज खातिर जिमवार बा।[1][2]
सालन से सरकार आपन नागरिकन के निमन जीवन के गुणवत्ता खातिर बिबिध स्वास्थ्य कार्यक्रम आ नीतीयन के सुरुआत कइले बा। अबारे मंत्रालय हेल्दी इंडिया नांव के एगो वेबसाइट शुरू कइले बा, जवन नागरिक के संतुलित आहार के माध्यम से आपन स्वास्थ्य के बनावे राखे के मार्गदर्शक देवेला।
Agency overview | |
---|---|
Formed | 1947 (76 years ago) (1947) |
Jurisdiction | भारत सरकार |
Headquarters | Cabinet Secretariat Raisina Hill, New Delhi 28°36′50″N 77°12′32″E |
Annual budget | ₹223,000 करोड़ (US$31 बिलियन) (2021-22 est.)[3] |
Ministers responsible |
|
Agency executive |
|
Website | https://main.mohfw.gov.in/ [4] |
स्वास्थ्य आ परिवार कल्याण के मंत्री मंत्रीपरिषद् के सदस्य के रूप में मंत्रिमंडल के पद प बाड़े। वर्तमान मंत्री मनसुख एल मण्डविया बाड़े। जबके वर्तमान स्वास्थ्य राज्य मंत्री (MOS: मंत्री के सहायक मने वर्तमान में मनसुख एल मण्डाविया के सहायक) डॉ. भारती पवार बाड़ें।
1955 से ई मंत्रालय नियमित रूप से इंडियन फर्माकोपीया समिति (IPC) द्वारा इंडियन फार्माकोपीया (IP) के प्रकाशित करेला। इंडियन फर्माकोपीया समिति (IPC) चाहे भारतीय भेषज समिति भारत में दवाईयन के मानक तय करें खातिर, दवाई आ स्वास्थ्य संबंधीत उपकरण आ तकनीकीयन खातिर एगो स्वनियंत्रित संस्था बा।