शेक्सपियर
From Wikipedia, the free encyclopedia
विलियम शेक्सपियर (26 अप्रैल 1564 (बपतिस्मा) – 23 अप्रैल 1616)[नोट 1] अंगरेज कबी, नाटककार, आ एक्टर रहलें। शेक्सपियर के अंग्रेजी भाषा के सभसे महान लेखक मानल जाला आ इनके गिनती पूरा दुनिया के महान नाटककार लोग में होले।[2][3][4] इनका के इंग्लैंड के राष्ट्रीय कवि अउरी बर्ड ऑफ एवन के रूप में भी जानल जाला।[5][नोट 2] इनके साहित्यिक रचना सभ में, बिबिध छिटपुट रचना सभ के अलावा, 39 गो नाटक आ 154 गो सॉनेट, दू गो लमहर कबिता आ अउरी कई किसिम के रचना गिनावल जालीं।[नोट 3] इनके नाटक सभ के अनुबाद दुनिया के लगभग हर प्रमुख भाषा में भइल बा आ इनके नाटक सभ के अउरी नाटककार लोग के नाटकन के तुलना में बहुत ढेर बेर मंच प खेलल जा चुकल बा।[7]
Quick Facts विलियम शेक्सपियर, मूलभाषा में नाँव ...
Close