विन डीजल
हॉलीवुड एक्टर, प्रोड्यूसर, डाइरेक्टर, स्क्रीनलेखक आ स्टंटबाज / From Wikipedia, the free encyclopedia
मार्क सिन्क्लेयर (अंग्रेजी: Mark Sinclair[1][2]; जनम 18 जुलाई 1967), जिनके विन डीज़ल के नाँव से ढेर जानल जाला, एगो अमेरिकी एक्टर, निर्देशक, फिलिम प्रोड्यूसर आ फिलिम कथाकार बाड़ें। इनके खास परसिद्धि, फिलिम फास्ट एंड फ्यूरियस में डॉमिनिक टोरेटो के रोल खाती आ ट्रिपल एक्स सीरीज में जैन्डर केज के रोल खाती बा। वन रेस फिल्म्स नाँव के, विन डीजल के आपन प्रोडक्शन कंपनी भी बा आ एह कंपनी के हिस्सेदारी ऊपर बतावल फिलिम सिरीज सभ के प्रोडक्शन में बा।
विन डीजल | |
---|---|
जनम | मार्क सिन्क्लेयर (1967-07-18) जुलाई 18, 1967 (उमिर 56) अल्मीडा काउंटी, कैलिफोर्निया, अमेरिका |
पेशा | एक्टर, प्रोड्यूसर, कथानक लेखक, निर्देशक |
सक्रियता साल | 1975–अबतक |
पार्टनर | पैल्मोआ जिमेन्ज (2007–अबतक) |
संतान | 3 |
वेबसाइट | www |
डीजल दि पैसिफायर (2005) आ फाइंड मी गिल्टी (2006) नियर फिलिम सभ में भी काम कइलेन। आवाज-कलाकार के रूप में इनके आवाज दि आयरन जायंट (1999) में सामिल बा, क्रॉनिकल्स ऑफ दि रिडिक फ्रेंचाइज के वीडियो स्पिनऑफ में भी इनके आवाज बा, आ गार्जियंस ऑफ दि गैलेक्सी (2014) आ एकर 2017 सीक्वल में भी बा। डीजल, मल्टी-फेसियल नाँव के छोट-फिलिम में एक्टिंग भी कइलें आ कहानी लेखन, डाइरेक्ट करे के काम भी कइलें। पूरा फीचर-लेंथ के ड्रामा स्ट्रे'ज में भी इनके एक्टिंग, लेखन आ डाइरेक्शन तीनों काम रहल। डीजल वन रेस फिल्म्स, रेस ट्रेक रेकार्ड्स आ टाईगन स्टूडियोज नियर प्रोडक्शन कंपनी सभ के संस्थापक बाड़ें।